BAN vs IND : जीत से सुरुआत करे के चाही भारतीय टीम, जानीं लाइव स्ट्रीमिंग से जुड़ल जानकारी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क : रोहित शर्मा के अगुआई वाली भारतीय टीम के सामना बियफे के चैंपियंस ट्रॉफी के आपन पहिला मुकाबला में बांग्लादेश से होई। खिताब के प्रबल दावेदार भारतीय टीम एह टूर्नामेंट के सुरुआत जीत

Share

BAN vs IND : जीत से सुरुआत करे के चाही भारतीय टीम, जानीं लाइव स्ट्रीमिंग से जुड़ल जानकारी

स्पोर्ट्स डेस्क : रोहित शर्मा के अगुआई वाली भारतीय टीम के सामना बियफे के चैंपियंस ट्रॉफी के आपन पहिला मुकाबला में बांग्लादेश से होई। खिताब के प्रबल दावेदार भारतीय टीम एह टूर्नामेंट के सुरुआत जीत से करे के चाही। ग्रुप चरण में भारत के तीन मैच खेले के बा आ ऊ एको मैच गंवावे के जोखिम नइखे उठा सकत। भारत एह आईसीसी टूर्नामेंट से पहिले इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज अपना नावे कs चुकल बा, अइसन में ओकर मनोबलो बढ़ल होई।

रोहित-कोहली के करे के होई बेहतर प्रदर्शन

ई कहल अतिशयोक्ति ना होई कि विराट कोहली, रोहित आ इहां तक कि मुख्य कोच गौतम गंभीर के लगे जादे समय नइखे काहेकि न्यूजीलैंड आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मिलल असफलतन से मिलल झटका के असर कम नइखे मिलल। हालांकि कुछ अच्छा संकेत बा। कप्तान रोहित कुछ दिन पहिले इंग्लैंड के खिलाफ सानदार शतक आ कोहली अर्धशतक बनवलें, जबकि गंभीर के मार्गदर्शन में भारत ने टी20 अंतरराष्ट्रीय आ वनडे सीरीज में क्रमश: 4-1 आ 3-0 के सानदार जीत दर्ज कइलस।

एगो हार बदल सकत बा समीकरण

चैंपियंस ट्रॉफी में हालांकि भारत के सामने चुनौती घरेलू सीरीज से बहुते अलग बा। ग्रुप ए में भारत के प्रतिद्वंद्वी बांग्लादेश, पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड हाले में ओकर सामना करे वाला इंग्लैंड के तुलना में कहीं जादे प्रेरित नजर आ रहल बा आ एको हार लीग चरण के पूरा समीकरण के बदल सकत बा। हालांकि, भारत पिछला कुछ समय में 50 ओवर के क्रिकेट में अच्छा प्रदर्शन कइले बा।
आईं जानल जाव भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी मैच से जुड़ल सब जानकारी…

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला कब खेला जाएगा?

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला 20 फरवरी माने बियफे के खेलल जाई।

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला कहां खेलल जाई?

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला दुबई के दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम पs खेलल जाई।

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला कब सुरू होई?

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला भारतीय समयानुसार दुपहरिया 2:30 बजे सुरू होई। टॉस एकरा से आधा घंटा पहिले माने दुपहरिया 2:00 बजे होई।

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला कवना टीवी चैनल पs देख सकत बानी?

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी के मुकाबला स्टार्स स्पोर्ट्स आ नेटवर्क 18 के चैनलन पs देखल जा सकी।

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी मैच के लाइव स्ट्रीमिंग कहां उपलब्ध होई?

भारत आ बांग्लादेश के बीच चैंपियंस ट्रॉफी मैच के ऑनलाइन जियोहॉटस्टार (JioHotstar) एप पs देखल जा सकत बा।

Read Also: 20 फरवरी 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.