[the_ad_group id="30365"]

एगो अइसन राज्य, जहां बा खाली 1 रेलवे स्टेशन; एकरा बाद खतम हो जाला रेलवे लाइन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में रेलवे नेटवर्क देस के हर कोना में फइलल बा। देस में रोज लाखन के संख्या में लोग ट्रेन से सफर करेला। एकरा खातिर जगह-जगह रेलवे स्टेशन बनावल गइल बा। हर राज्य के लगभग हर जिला में एगो रेलवे स्टेशन तs होखबे करेला, ओहिज कहीं-कहीं तs एके जिला में एक से जादे रेलवे स्टेशन होला। रउआ लोगन के एह बात के जानकारी होखबे करी, बाकिर का रउआ सभे कबो ई सुनले बानी कि कवनो अइसनो राज्य बा जहां खाली एगो रेलवे स्टेशन बा। जदि रउआ एकर जानकारी नइखे तs कवनो बात नइखे, आज हमनी के एकरा बारे में विस्तार से बताएम सs।

एह राज्य में बा इकलौता रेलवे स्टेशन

भारत के हर राज्य में कइयन रेलवे स्टेशन मवजूद बा बाकिर एकरा से परे एगो अइसनो राज्य बा जहां खाली एगो रेलवे स्टेशन बा। ई बात पढ़के हो सकत बा कि रउआ में से कइयन लोगन के शॉक लेखा लागल होखे, बाकिर रउआ एकदम सही पढ़ रहल बा। भारत में एगो अइसनो राज्य बा जहां मात्र एके गो रेलेव स्टेशन बा। एह अनौखा राज्य के नाम मिजोरम हs। भारत में मिजोरम एगो अइसन राज्य बा जहां ‘बइराबी’ नाम के एकमात्र रेलवे स्टेशन बा। राज्य में दूसरका रेलवे स्टेशन ना होखे के कारण, जवन लोगन के रेलवे से सफर करे के होला ऊ एह रेलवे स्टेशन पs पहुंचेला।

केतना प्लेटफॉर्म, केतना ट्रैक

खास बात ई बा कि एह रेलवे स्टेशन के आगे कवनो रेलवे स्टेशन आ रेलवे लाइन नइखे। बइराबी रेलवे स्टेशन पs बहुत सारा आधुनिक सुविधन के कमी बा। एह रेलवे स्टेशन के कोड बीएचआरबी हs। एह रेलवे स्टेशन पs तीन प्लेटफॉर्म बा। एकरा अलावे एह पs चार ट्रैक बनल बा। दरअसल पहिले ई एगो छोट रेलवे स्टेशन रहे, जवना के बाद में एगो बड़े रेलवे स्टेशन में चेंज करे खातिर 2016 में रिडेवलप कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]