छपरा सदर अस्पताल के DM लेलें जायजा: लेट पहुंचे वाला डॉक्टरन के कारण बताओ नोटिस

निरीक्षण करे पहुंचल छपरा डीएम।

Share

छपरा सदर अस्पताल में डीएम अमन समीर अपना आउर अधिकारियन के संगे पहुंचल आ पूरा कैंपस में घूमके एक-एक चीजन के जांच पड़ताल कइलें। एह दौरान लगभग 2 घंटा तक अस्पताल कर्मी हलकान रहल लो। डीएम अमन समीर इमरजेंसी वार्ड से अस्पताल के जांच सुरू कइल। जवना के बाद ओपीडी, दवाई काउंटर, लैब सहित SNCU तक सब बिंदुअन पs घंटा तक जांच कइलें।

एह दौरान ऊ रोस्टर के हिसाब से ड्यूटी ना करे वाला दुनो चिकित्सकन पs कार्यवाही कइलें। दुनो चिकित्सकन के खिलाफ शोकॉज के नोटिस देवे के आदेस दिहल गइल बा। संगही डॉक्टर आ अस्पताल कर्मियन के अटेंडेंस के लेके फेस डिटेक्ट कैमरा लगावे के आदेस देलें।

रोस्टर से अनुपस्थित पावल गइल कर्मियन के नोटिस

डीएम अमन समीर बतवलें कि इंस्पेक्शन के मुख्य उद्देश्य मरीज के सरकार के ओर से उपलब्ध करावल जा रहल सुविधन के मिले के जांच पड़ताल बा। जांच के दौरान हमनी के जवन कवनो पेशेंट से बात कइले बानी सs संतोषजनक जवाब मिलल बा। संगही दंगे डॉक्टर आ नर्स के रोस्टर के हिसाब से उपस्थिति के जांचो कइल जा रहल बा।

जांच के दौरान कुछ डॉक्टर रोस्टर से अनुपस्थित पावल गइल बा लो। जेकरा खिलाफ जांच करत शो कॉज नोटिस भेजल जाई। एक दुगो मेडिसिन के बारे में ममिला सामने आइल बा। जेमे डॉक्टरन के ओर से लिखल गइल मेडिसिन अस्पताल में उपलब्ध ना रहे। जवना पs जांच कइल जाई कि कवना इस्थिति में डॉक्टरन के ओर से बाहर के मेडिसिन लिखल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-