Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में DM कइने BSA ऑफिस क दौरा त गैर हाजिर मिलने 102 कर्मी

रोक देहल गइल एक दिन के तनखाह

127
सीवान इन्शुरेंस 720 90

डीएम विजय किरण आनंद सोमवार के बिहाने करीब 10:30 बजे अचानक बीएसए कार्यालय पहुंचने त उहवें सीडीओ इंद्रजीत सिंह विकास भवन के समस्त कार्यालय में अचानक पहुंच गइने।

एह दौरान कुल 102 कर्मचारी नदारद मिलने। डीएम बतवने कि अपने दायित्व के सही तरीका से निर्वहन न करे वाले बेपरवाह अउर लापरवाह कर्मचारियन अउर अधिकारियन के खिलाफ सख्त से सख्त कार्रवाई कइल जाई।

अभिन त लापरवाह अनुपस्थित कर्मचारियन के एक दिन के वेतन बाधित कs के स्पष्टीकरण मंगले बाने। अगिला बेर निरीक्षण के दौरान अनुपस्थित पावल गइले पs सख्त से सख्त कार्रवाई कइल जाई। डीएम बतवने कि बीएसए कार्यालय में 19 अउर विकास भवन के विभिन्न दफ्तरों में 83 कर्मचारी अनुपस्थित मिलल बाने।

इनकर रुकल एक दिन के वेतन
बीएसए कार्यालय के अंकित कुमार दुबे, भारतेन्दू अनमोल,अभिषेक कुमार,अनिल कुमार कुशवाहा,दुर्गा प्रसाद दुबे,महेंद्र प्रसाद, कट्टुसिया खातून, चंद्रभूषण, महताब, सुशील त्रिपाठी, अश्वनी कुमार पांडेय, अनीश श्रीवास्तव, विवेक जायसवाल, आलोक कुमार जायसवाल, संजय कुमार, अनुज कुमार श्रीवास्तव, अजय कुमार तिवारी, दीपक पटेल,अनिल श्रीवास्तव के वेतन रोकल गइल बा।

Middle Yayawari

विकास भवन के विभिन्न विभाग के अहमद,जय श्री प्रसाद,नव्या शुक्ला, रज्जन कुमार गौतम,शिवनाथ,यशवंत प्रकाश, श्याम मोहन श्रीवास्तव,कंचन श्रीवास्तव,सरफराज अहमद, शैलेंद्र कुमार पांडेय,मुन्ना लाल गुप्ता,ऐश्वर्य कुमार प्रजापति,मोहम्मद अकरम,मुख्तार अहमद,अमित कुमार द्विवेदी,सच्चिदानंद सिंह, शिवकुमारी,अजीत कुमार सिंह, शरीफुल हक दफ्तरी, मोहम्मद अबू गफ्फार,बीना मौर्य,मोहम्मद रफी,अनुपम कुमार शुक्ला,सुनील कुमार सिंह, रोशनी कनौजिया,अख्तर आलम अंसारी, फिरदौस जहां, देवनारायण, उषा देवी, रामेश्वर प्रकाश शुक्ला, सुमित्रा सिंह,जीत बहादुर सिंह,अभय कुमार सिंह,अनिल कुमार सिंह,संतोष कुमार श्रीवास्तव,प्रभात रंजन भारती,रत्नेश कुमार,शैलेंद्र कुमार,अजय सिंह, श्याम देव कुमार,साधना सिंह, जफर इकबाल अनुपस्थित मिलने।

एही तरे नागेंद्र सिंह,पीके जायसवाल,विवेक कुमार,मोजादिन अली,तेज बहादुर सिंह,रंजना श्रीवास्तव,रवीश चंद्र श्रीवास्तव, उदय वीर सिंह, शैलेंद्र मिश्रा, अंकुर पांडेय,विशाल साहू, रजिया बेगम,राकेश प्रकाश,आशीर्वाद श्रीवास्तव,माला गुप्ता, हार्दिक कुमार पांडेय,विशाल गुप्ता,अभिषेक श्रीवास्तव,बृजभूषण, चंद्रमा यादव,उमाशंकर सिंह, रामप्रकाश सिंह, राजकिशोर यादव, सुधांशु कुमार साहू, अब्दुल रशीद, विश्वजीत कुमार, तिलकधारी,आलोक कुमार सुमन,विनोद कुमार सिंह, अभिषेक वर्मा,नितेश जायसवाल,सचिन कुमार,राहुल वर्मा,जयंत कुमार,आलोक कुमार,सौरभ पांडेय,गीतेश कुमार,शैलेश श्रीवास्तव,बसंती देवी अनुपस्थित मिलीं। इन सभी का एक दिन का वेतन रोकल गइल बा।

सीडीओ कहने कि कार्यालय अधीक्षक अपने अपने कार्यालय में साफ सफाई व्यवस्था अउर अभिलेख के रखरखाव, कर्मचारियन के उपस्थिति के विशेष ध्यान दें। अगर निरीक्षण कइले पर कर्मचारियन के ओर से लापरवाही अउर अनुपस्थिति मिलल त कार्यालय अधीक्षक ओकर जिम्मेदार होइहें। अइसन में कार्यालय अधीक्षक के खिलाफ सख्त कार्यवाही कइल जाई।

240900cookie-checkगोरखपुर में DM कइने BSA ऑफिस क दौरा त गैर हाजिर मिलने 102 कर्मी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.