[the_ad_group id="30365"]

विशिष्ट बीटीसी शिक्षक वेलफेयर एसोसिएशन के ओर से आयोजित भइल “मंडलीय शिक्षक सम्मान समारोह – 2022

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक 08 सितम्बर, 2022 के राधाकृष्णन हाल, डायट – गोरखपुर में विशिष्ट बीटीसी शिक्षक वेलफेयर एसोसिएशन के ओर से आयोजित “मंडलीय शिक्षक सम्मान समारोह – 2022 अउरी शैक्षिक उन्नयन गोष्ठी” के आयोजन मंडल अध्यक्ष उपेन्द्र उपाध्याय के अध्यक्षता में विश्व साक्षरता दिवस के दिन पहिले के बरिस के ही तरे एह बरिस भी संगठन के ओर से मंडल के अइसन 36 उत्कृष्ट शिक्षकन के सम्मानित कइल गइल, जे सूदूर गाँव जवार में बेहतर शिक्षा दे के भारत के भविष्य के निर्माण कs रहल बानें अउर जेके कब्बो सम्मानित नाइ कइल गइल बा।

एकरे संगे विशिष्ट संवर्ग प्रशासनिक सेवा में चयनित भइल नगर निगम के लेखाधिकारी रवि सिंह, बलिया में तैनात विपणन निरिक्षक सुनील कुमार, देवरिया में तैनात खण्ड शिक्षा अधिकारी नवनीत चौबे, विजय पति नारायण त्रिपाठी, जया राय, डा. प्रभात चन्द्र राय, सम्पर्क फाउन्डेशन के मंडल कोआर्डिनेटर सुबोध बनर्जी को भी सम्मानित कइल गइल।

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि स्नातक एम.एल.सी. मा. देवेन्द्र प्रताप सिंह ( सभापति, वित्तीय एवं प्रशासकीय विलम्ब समिति, विधान परिषद् उ.प्र ) अपने संबोधन में कहलें कि शिक्षक समाज के निर्माता होलें अउरी उनकर समाज के उत्थान में अग्रणीय भूमिका हवें।

विशिष्ट अतिथि गोरखपुर बी.एस.ए. श्री रमेन्द्र कुमार सिंह कहलें कि चुनौती बड़ बा अउर नया भी, जेसे घबड़ाए के नाइ बा। हम सीखे अउरी सीखावे के परंपरा से बानीं जेकर भरपूर निर्वहन करे के बा ।
कार्यक्रम संयोजक/ प्रदेश मंत्री तारकेश्वर शाही सब अतिथियन अउरी सम्मानित होखे वाले शिक्षकन अउरी अधिकारियन के स्वागत करत कहलें कि हमनीके भारत के भविष्य निर्माण के भूमिका के जिम्मेदारीपूर्ण निबाह करे के बा।

आजमगढ़ जिलाध्यक्ष मनोज राय कहलें कि अइसन सराहनीय कार्यक्रम खातिर आयोजक मंडल बधाई के पात्र बा। कार्यक्रम का संचालन मंडल उपाध्यक्ष विनोद मिश्र कइलें। संतकबीरनगर जिलाध्यक्ष केसरीलाल, मंडल महामंत्री राजेश तिवारी, प्रदेश उपाध्यक्ष संजय शर्मा, प्रदेश संगठन मंत्री संजयराज सिंह व त्रिपुरारी दूबे, वरिष्ठ मंडल उपाध्यक्ष रणविजय सिंह, मंड कोषाध्यक्ष रणधीर सिंह, सोशल मीडिया प्रभारी रणधीर प्रताप शाही, विष्णु प्रसाद गुप्ता, शिवप्रताप यादव, विज्ञान सिंह, हरे राम दीक्षित, दिलीप सिंह, घनश्याम मिश्रा आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]