[the_ad_group id="30365"]

राज्य विश्वविद्यालयन के अंतर्राष्ट्रीय विद्यार्थी, निवेश आ प्रोजेक्ट खातिर आगे आवे के होई- कुलपति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो.राजेश सिंह सांसद रवि किशन शुक्ला से अतवार के गोरखपुर एयरपोर्ट पs मुलाकात कइलें। एह दौरान राज्य विश्वविद्यालयन द्वारा अंतरराष्ट्रीय छात्रन, अंतरराष्ट्रीय निवेश आ प्रोजेक्ट खातिर विद्यार्थियन के आकर्षित करे पs वृहद चरचा भइल। मुलाकात के दौरान सांसद रवि किशन शुक्ल द्वारा पिछला दिनन के नीदरलैंड, मैक्सिको सहित आउर यूरोपीय देशन के यात्रा के संस्मरणन के कुलपति जी से साझा कइल गइल।

गोरखपुर सांसद रवि किशन

 

कुलपति कहले कि राज्य विश्वविद्यालयन के मूलभूत सुविधा, रखरखाव खातिर एगो योजनाबद्ध ढंग से निवेश के आधार विकसित कइल जाये के चाही। कुलपति सांसद जी के अवगत करवले कि माननीय मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी महाराज गोरखपुर के एजुकेशन के हब के रूप में विकसित करे के मंशा व्यक्त कइलें बाड़े। जेकरा खातिर नियमित रूप से अंतरराष्ट्रीय संस्थानन से चरचा चल रहल बा। ऊ कहले कि विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (यूजीसी) नई शिक्षा नीति के प्रभावी रूप से लागू करे खातिर पांच समितियन के गठन कइले बा। समिति के द्वारा राष्ट्रीय शिक्षा नीति के समस्त गतिविधियन के निगरानी कइल जाई। समिति के अंतर्गत उत्तर प्रदेश के सेंट्रल जोन में मध्यप्रदेश, छत्तीसगढ, उत्तराखंड के साथे रखल गइल बा।

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. राजेश सिंह पांच सदस्यीय समिति के एगो सदस्य बाड़ें। कुलपति कहले कि गोरखपुर के एजुकेशन के हब के रूप में विकसित करे खातिर के परिक्षेत्र में मवजूद चारों विश्वविद्यालयन के कुलपतियन के एगो बैठक के आयोजन कइल जाये के बा। बैठक में सुझावन खातिर सांसद जी के आमंत्रित कइल जाई। हाले में मुख्यमंत्री के शिक्षा सलाहकार प्रो. डी.पी. सिंह के गोरखपुर भ्रमण के बेरा एह बिंदुअन पs सारगर्भित चरचा भइल बा। आखिर में कुलपति सांसद महोदय से विश्वविद्यालय के बुनियादी सुविधन विशेष तौर प खेल सुविधन के विकास खातिर फंड उपलब्ध करावे के अनुरोध कइलें बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]