[the_ad_group id="30365"]

सीआरसी गोरखपुर में दिव्यांग लईका मनावल लो बाल दिवस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के पहिला प्रधानमंत्री पंडित जवाहरलाल नेहरू के जन्मदिन के उपलक्ष्य में सीआरसी गोरखपुर में बाल दिवस के आयोजन कइल गइल। जेमें बड़ संख्या में दिव्यांगजन आ उनकर अभिभावक लोग ने प्रतिभाग कइल।

आज के एह कार्यक्रम में दिव्यांग जनन खातिर दउड़ प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जेमे अभिषेक कुमार शर्मा पहिल, शिव शरन पासवान दुसरा आ अथर्व त्रिपाठी तीसरा स्थान प्राप्त कइल लो। एकरा अलावे म्यूजिकल चेयर में नितिन पहिला, वेदांश सिंह दुसरा आ रुद्र मिश्रा तीसरा स्थान प्राप्त कइल लो।

बच्चन द्वारा खूब मनोरंजन कइल गइल आ सब बच्चन के पुरस्कार उर प्रतिभाग पुरस्कार प्रदान कइल गइल। ई कार्यक्रम राष्ट्रीय दृष्टि दिव्यांगजन सशक्तीकरण संस्थान के निदेशक डॉ हिमांग्शु दास के मार्गदर्शन में संपन्न भइल। कार्यक्रम के सुरुआत सीआरसी गोरखपुर के रेजिडेंट कोऑर्डिनेटर श्री रवि कुमार हरी झंडी दिखाके कइलें।

विशेष शिक्षा विभाग के सहायक प्राध्यापक श्री नीरज मधुकर कार्यक्रम के रूपरेखा तइयार कइलेें आ प्राध्यापक श्री राजेश कुमार सबका प्रति धन्यवाद ज्ञापित कइलें। श्री रॉबिन कार्यक्रम में आपन सहजोग प्रदान कइलें त संचालन श्री अरविंद कुमार पांडे कइलें। एह अवसर प सीआरसी गोरखपुर के सब अधिकारी आ कर्मचारी लोग मवजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]