Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पांच बरिसन में पासपोर्ट बनावे वाला के संख्या डेढ़ गुना तक बढ़ल, सीवान अव्वल, पटना तीसरा नंबर प

कोरोना के बाद ई फेर से बढ़ के 36 हजार के पार पहुंच चुकल बा, जवन रिकॉर्ड बा। एह साल 30 सितंबर तक नवे महीना में 3.32 लाख पासपोर्ट जारी हो चुकल  बा। एह तरे बीतल पांच बरिसन में पासपोर्ट बनवावे वाला लोगन के संख्या डेढ़ गुनी बढ़ल बा। 

283

कोरोना के दौर खतम होखला के संगही राज्य में पासपोर्ट बनवावे वालन के संख्या तेजी से बढ़ल बा। कोरोना के पहिले हर महीना 24 हजार से 26 हजार तक पासपोर्ट जारी होत रहे । कोरोना के कारण 2020 में घट के ई संख्या 15 हजार हो गइल। बाकिर, कोरोना के बाद ई फेर से बढ़ के 36 हजार के पार पहुंच चुकल बा, जवन रिकॉर्ड बा। एह साल 30 सितंबर तक नव महीना 3.32 लाख पासपोर्ट जारी हो चुकल रहे। एह तरे बीतल पांच बरिसन में पासपोर्ट बनवावे वाला लोगन के संख्या में डेढ़ गुना बढ़ल बा। पटना जिला में औसतन 28 हजार लोग हर महीना पासपोर्ट बनवा रहल बा।

रिकॉर्ड : मासिक आंकड़ा 36000 के पार

वर्ष   कुल आवेदन   एक साल में   मासिक

2018   338191    298586    24882

2019   326201   323197     26933

2020  169630   181354     1 5113

2021   285262   270438   22537

2022   341124   332058    36895

का कहत बाड़ें अधिकारी

कोराेना के बाद लोग काम खातिर बड़ संख्या में बाहर जाये के चाहत बानी। अइसन में हमनी के पासपाेर्ट आवेदन के जल्दी-से-जल्दी प्रोसेस करे आ पासपोर्ट जारी करे के प्रयास कर रहल बानी स। कुछ महीनन से हर महीना औसतन 36 हजार से बेसी पासपोर्ट जारी कर रहल बा लो।

-तविशि बहल पांडेय, क्षेत्रीय पासपोर्ट अधिकारी, पटना

सीवान अव्वल, पटना तीसरा नंबर प

जिला आवेदन पासपोर्ट

सीवान  38702  40716

गोपालगंज  33617  34948

पटना  26048  28599

पू चंपारण  17770  17225

प चंपारण  16040  16619

सारण  15799 16529

मधुबनी 13679  14608

मुजफ्फरपुर  13776  14604

दरभंगा 1 2698  12814

सीतामढ़ी 10113  10911

गया  10287  8622

पूर्णिया  11831 8584

बक्सर 7264 7066

रोहतास 7620 6632

किशनगंज 6093 6536

भोजपुर  6785  6375

समस्तीपुर 5494 5590

भागलपुर  6675  5178

अररिया  5719  5149

नालंदा  6363 4670

बेगूसराय 5222 4663

नवादा  4895  4369

औरंगाबाद 4895 4361

कटिहार 4436 4248

सुपौल 8680 3240

कैमूर  2413  2273

2021 में पासपोर्टन के संख्या में 22 फीसदी के भइल ईजाफा

साल 2021 में पासपोर्ट आवेदकन के संख्या 2,86,788 रहल जबकि 2,71,651 लोगन के पासपोर्ट जारी कइल गइल बा। एह साल जनवरी में 25,023 लोग पासपोर्ट खातिर आवेदन दिहल जबकि ओह दौरान 24,597 पासपोर्ट जारी कइल गइल। फरवरी 2022 में पासपोर्ट खातिर आवेदन देवे वालन के संख्या 25,099 रहल, जबकि 30,077 लोगन के एह दौरान पासपोर्ट जारी कइल गइल। जनवरी के तुलना में फरवरी में पासपोर्ट आवेदकन के संख्या लगभग समान रहल, बाकिर जारी हाेखे वाला पासपोर्टन के संख्या में 22 फीसदी के ईजाफा भइल बा।

साभार: प्रभात खबर

379520cookie-checkपांच बरिसन में पासपोर्ट बनावे वाला के संख्या डेढ़ गुना तक बढ़ल, सीवान अव्वल, पटना तीसरा नंबर प

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.