[the_ad_group id="30365"]

DGCA: जनवरी से मई के बीच हवाई यात्रा करे वालन के संख्या में 36% के इजाफा, 6.36 करोड़ लोग भरले उड़ान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

डीजीसीए : देश में जनवरी से मई के बीच घरेलू एयरलाइंस में 636.07 लाख लोग उड़ान भरले। पिछला साल 2022 तक के उक्त अवधि में इ आंकड़ा 467.37 लाख रहल। एह तरह से जनवरी से मई महीना के दौरान घरेलू हवाई यात्री के संख्या में पिछला साल के मुक़ाबले 36.10% के बढ़ोतरी दर्ज भईल।

जनवरी से मई के बीच देश में घरेलू एयरलाइंस में 636.07 लाख लोग उड़ान भरले। पिछला साल 2022 तक के उक्त अवधि में इ आंकड़ा 467.37 लाख रहल। एह तरह से जनवरी से मई महीना के दौरान घरेलू हवाई यात्री के संख्या में पिछला साल के मुक़ाबले 36.10% के बढ़ोतरी दर्ज भईल। एकरा में हर महीना 15.24% के बढ़ोतरी दर्ज भईल। ई जानकारी नागरिक उड्डयन निदेशालय (डीजीसीए) साझा कइले बा। बता दीं कि पछिला कुछ महीना में देश के विमानन उद्योग अलग-अलग कारण से चर्चा में रहल बा।कुछ महीना पहिले देश के हवाई अड्डा पs भीड़भाड़ के समस्या के खबर आईल रहे, ओकरा बाद खुद नागरिक उड्डयन मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया देश के राजधानी के हवाई अड्डा के निरीक्षण कईले अवुरी अधिकारी के ए व्यवस्था में सुधार करे के निर्देश देले। कई मौका प विभिन्न एयरलाइंस के खराबी अवुरी कर्मचारी अवुरी सहयात्री के संगे दुर्व्यवहार के खबर भी सुर्खी बनल बा। हाल ही में देश के एगो बड़ एयरलाइन गोफर्स्ट के दिवालियापन प्रक्रिया शुरू होखला के चलते परिचालन बंद करे के पड़ल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]