DGCA: डीजीसीए एयर एशिया पs लगवलस 20 लाख के जुर्माना, नियमन के पालन ना करे के आरोप

Share

डीजीसीए एयर एशिया पs 20 लाख रुपिया के जुर्माना लगा देले बा। एयर एशिया पs ई जुर्माना डीजीसीए के नियमन के उल्लंघन के चलते लगावल गइल बा। दरअसल जांच के दौरान एयर एशिया के पायलट, पायलट प्रोफिशिएंसी चेक के दौरान नियमन के उल्लंघन के दोषी पावल गइल।

एकरा संगही डीजीसीए अपना जिम्मेदारी के ठीक से निर्वाह ना करे खातिर एयर एशिया के आठ जांचकर्ता लोगन पs 3-3 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा। बता दीं कि ई जांचकर्ता लोग डीजीसीए के सिविल एविएशन रिक्वायरमेंट नियमन के पालन करावे में असफल रहल रहे लोग।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-