[the_ad_group id="30365"]

UP GIS-2023: मुकेश अंबानी यूपी में 75000 करोड़ के करिहें निवेश, बिड़ला के 40 हजार करोड़ लगावे के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम नरेन्‍द्र मोदी आज से लखनऊ के वृंदावन योजना में सुरू हो रहल तीन द‍िवसीय यूपी ग्लोबल इंवेस्टर समिट-2023 के सुभारंभ कइलें। कार्यक्रम स्‍थल पs पहुंचल पीएम मोदी सबसे पहिले ग्लोबल ट्रेड शो के उद्धाटन कइला के बाद इंवेस्ट यूपी-2.0 पोर्टल लांच कइलें। एकरा बाद मोदी प्रदर्शनी के भ्रमण कइलें।

यूपीजीआइएस-23 के माध्यम से 30 लाख करोड़ रुपिया से अधिक के प्रस्तावित निवेश ना खाली उत्तर प्रदेश के आर्थिक विकास दर के गति दी, बलुक बड़ पैमाना पs रोजगार सृजन के जरिया बन युवा लोगन के के सपनन के साकार करी। निवेशकन के एह तीन दिवसीय महासम्मेलन में 22 केंद्रीय मंत्री उत्तर प्रदेश के प्रगति के संदर्भ में डबल इंजन के सरकार के विजन के साझा करी लो।

यूपीजीआइएस में चालीस देसन से 400 से अधिक डेलीगेट्स आपन उपस्थिति दर्ज कराई लो। बिदेस से 7.12 लाख करोड़ रुपिया के निवेश आई। देस के अलग-अलग हिस्सन से 10 हजार छोट-बड़ निवेशक महाकुंभ के हिस्सा बनी। उल्लेखनीय बा कि यूपीजीआइएस-23 के माध्यम से सरकार सुरुआत में 10 लाख करोड़ रुपिया के निवेश जुटावे के तय कइलें रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]