[the_ad_group id="30365"]

देश में कोरोना केस में उछाल, 24 घंटा में 12 हजार नया लोग संक्रमित, 11 के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक बेर फेर देश में कोरोना के मामिला में तेज उछाल आइल बा. गुरुवार के पछिला 24 घंटा में 12,213 नया संक्रमित मिलल बाने। काल्हु का मुकाबले करीब चार हजार के बढ़ोतरी भइल बा. पिछला तीन महीना में एक दिन में ई सबले बेसी कोरोना संक्रमण भइल बा.

गुरुवार के सबेरे 8 बजे केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से अपडेट कईल गईल आंकड़ा के मुताबिक 24 घंटा में महामारी के चलते 11 लोग के मौत हो गईल। एकरा संगे-संगे सक्रिय केस बढ़ के 58,215 हो गईल बा। देश में रोजाना संक्रमण दर बढ़ के 2.35 हो गइल बा, जबकि कई राज्यन में ई दर 5 प्रतिशत से अधिका बा।

पिछला 24 घंटा में भारत में कोरोना के मामिला में करीब 39 प्रतिशत (38.4%) के उछाल आइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से गुरुवार के सबेरे जारी अपडेट के मुताबिक, पछिला 24 घंटा में 12,213 नयका केस मिलल बा। एकरा से पहिले काल्ह 8800 से तनिका जादा मामला आईल रहे।

एकरा संगे-संगे पछिला 24 घंटा में ए महामारी के चलते 11 लोग के भी मौत हो चुकल बा। एकरा संगे देश में कोरोना से मरेवाला लोग के संख्या बढ़ के 5 लाख 24 हजार 803 हो गईल बा। अब रोजाना संक्रमण के दर बढ़ के 2.35 प्रतिशत हो गइल बा।

स्वास्थ्य मंत्रालय के मुताबिक सक्रिय केस में भी 4578 के बढ़ोतरी दर्ज भईल बा अवुरी अब सक्रिय मरीज के संख्या बढ़ के 58215 हो गईल बा। एही बीच 7624 मरीज भी कोरोना से ठीक हो चुकल बाड़े। अभी तक देश में कोविड टीका के 195 करोड़ से जादा खुराक (1,95,67,37,014) लगावल गईल बा। पिछला 24 घंटा में 15 लाख 21 हजार 942 खुराक लगावल गईल। आईसीएमआर बतवले बा कि बुध का दिने 5 लाख 19 हजार 419 कोरोना टेस्टो करावल गइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]