Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Deoghar Airport: PM नरेंद्र मोदी 12 जुलाई के देवघर एयरपोर्ट के करिहें उद्घाटन, विमान सेवा कब से होई शुरू

श्रावणी मेला से पहिले 12 जुलाई के देवघर एयरपोर्ट के उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी करिहें। उद्घाटन के संगही इहां से दिल्ली, मुंबई आ बेंगलुरु खातिर विमान सेवा शुरू हो जाई। प्रधानमंत्री के आगमन के लेके देवघर एयरपोर्ट के पूरा तरे से तइयार कs लिहल गइल बा।

338

Deoghar Airport: श्रावणी मेला से पहिले 12 जुलाई के देवघर एयरपोर्ट के उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी करिहें। उद्घाटन के संगही इहां से दिल्ली, मुंबई आ बेंगलुरु खातिर विमान सेवा शुरू हो जाई। प्रधानमंत्री के आगमन के लेके देवघर एयरपोर्ट के पूरा तरे से तइयार कs लिहल गइल बा। जानकारी के मोताबिक प्रधानमंत्री मोदी एयरपोर्ट के उद्घाटन के बाद बाबा बैद्यनाथ मंदिर में पूजा-अर्चना कs के देवघर कॉलेज मैदान में सभा के संबोधित करिहें।

ट्रायल हो चुकल बा सफल

सात जून के देवघर एयरपोर्ट में इंडिगो के 180 सीट वाला पैसेंजर फ्लाइट के सफल ट्रायल कs लिहल गइल बा। देवघर एयरपोर्ट टर्मिनल में यात्रियन खातिर सब सुविधा तइयार कs लिहल गइल बा। टिकट काउंटर, चेक इन काउंटर, वाहनन के पार्किंग समेत सुरक्षा के सब इंतजाम कs लिहल गइल बा। देवघर एयरपोर्ट में स्थायी तौर पs मैनेजर आ कर्मियन के नियुक्ति कs दिहल गइल बा। उद्घाटन से पहिले देवघर एयरपोर्ट से दिल्ली, मुंबई आ बेंगलुरु के फ्लाइट खातिर ऑनलाइन टिकट बुकिंग शुरू कs दिहल जाई। इंडिगो एह तीन शहरन खातिर यात्री विमान सेवा देवघर एयरपोर्ट से पहिले शुरू करी।

जल्दी आई एसपीजी के टीम

देवघर एयरपोर्ट के एप्रोच रोड के काम तेजी से चल रहल बा। पीएमओ आउर सिविल एविएशन देवघर एयरपोर्ट समेत एप्रोच रोड के रिपोर्ट प्राप्त कइले बा। प्रधानमंत्री के सुरक्षा के धेयान में राखत जल्दिये एसपीजी के टीम देवघर एयरपोर्ट समेत देवघर कॉलेज मैदान के जायजा लेवे दिल्ली से आवे वाली बिया। प्रधानमंत्री के प्रस्तावित सभा स्थल देवघर कॉलेज मैदान के जायजा 10 जून के गोड्डा सांसद डॉ निशिकांत दुबे लेले रहस।

रघुवर दासो कइले घोषणा

झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री रघुवर दास देवघर में प्रेस कांफ्रेंस के दौरान 12 जुलाई के देवघर एयरपोर्ट के उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा कइल जाये के घोषणा कइले बाड़े। श्री दास कहले कि प्रधानमंत्री संताल परगना के विकास के धेयान में राखत 25 मई 2018 के देवघर एयरपोर्ट के शिलान्यास कइले रहस। 12 जुलाई के खुद पीएम के हाथे एह एयरपोर्ट के उद्घाटन होई। श्री दास अपना देवघर दौरा के दौरान देवघर एयरपोर्ट के जायजो लेले रहस।

274610cookie-checkDeoghar Airport: PM नरेंद्र मोदी 12 जुलाई के देवघर एयरपोर्ट के करिहें उद्घाटन, विमान सेवा कब से होई शुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.