[the_ad_group id="30365"]

राम रहीम के हाईकोर्ट से बड़ राहत, 22 साल पुरान हत्या के मामिला में भइले बरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

हाईकोर्ट डेरा सच्चा सौदा के मुखिया गुरमीत राम रहीम के बड़ राहत देले बा। असल में कोर्ट राम रहीम के 22 पुरान हत्या के मामिला में बरी कs देले बिया। बता दीं कि डेरा के मैनेजर रंजीत सिंह के 2002 में गोली मार के हत्या कs दिहल गईल रहे। एही मामिला में पंचकुला के स्पेशल सीबीआई कोर्ट राम रहीम के 18 अक्टूबर 2021 के दोषी ठहरवले रहे। कोर्ट राम रहीम के उम्रकैद के सजा सुनवले रहे। अब पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट सीबीआई कोर्ट के फैसला के पलट दिहले बा आ डेरा मुखिया समेत 5 गो अपराधियन के बरी कs दिहल गइल बा.

मामिला 22 साल पुरान बा

बता दीं कि पूरा मामिला 10 जुलाई 2002 के बा। ओह घरी शिविर के प्रबंधन समिति के सदस्य रहल रंजीत सिंह के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल. एह मामिला में बहुते जाँच भइल. हालांकि पुलिस जांच से संतुष्ट ना होखला के चलते रंजीत सिंह के बेटा जगसीर सिंह हाईकोर्ट में याचिका दायर कs सीबीआई जांच के मांग कईले रहले। ई याचिका साल 2003 में दायर भइल रहे. याचिका दायर भईला के बाद मामिला सीबीआई के सौंप दिहल गईल अवुरी ओकरा बाद अक्टूबर 2021 में सीबीआई राम रहीम समेत पांच आरोपी के दोषी ठहरवलस।

राम रहीम जेल से बाहर ना आ पइहें

हालांकि 22 साल पुरान एs हत्या के मामिला में बरी होखला के बाद भी राम रहीम जेल से बाहर ना आ पईहे। एकर कारण बा कि राम रहीम के अउरी कई मामिला में जेल के सजा सुनावल गइल बा. दू गो साध्वियन के यौन शोषण करे के आरोप में राम रहीम के बीस साल के जेल के सजा सुनावल गइल बा. एकरा अलावे छत्रपति हत्या के मामिला में राम रहीम के उम्रकैद के सजा भी सुनावल गईल बा। अयीसना में ए दुनो मामिला में सजा काटला के चलते राम रहीम के अबे जेल में रहे के पड़ी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]