[the_ad_group id="30365"]

डोनाल्ड ट्रंप के लागल बड़ झटका, हश मनी केस में दोषी करार, अमेरिका के इतिहास में भइल पहिला बेर

Donald Trump
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव से ठीक पहिले डोनाल्ड ट्रंप के एगो बड़हन झटका लागल बा. कोर्ट के इs फैसला हश मनी केस में आईल बा। डोनाल्ड ट्रंप के सगरी 34 आरोपन में दोषी पावल गइल बा. डोनाल्ड ट्रंप पs आपन फैसला देवे से पहिले जूरी करीब 10 घंटा ले विचार-विमर्श कईलस। अब 11 जुलाई के सुनवाई होई कि डोनाल्ड ट्रंप के कवन सजा मिली। डोनाल्ड ट्रंप पहिला अमेरिकी राष्ट्रपति रहल बाड़न जिनका कवनो आपराधिक मामिला में दोषी पावल गइल बा. अमेरिका के इतिहास में अइसन पहिले कबो ना भइल रहे। डोनाल्ड ट्रंप पs आरोप बा कि ऊ पोर्न स्टार स्टॉर्मी डेनिएल्स के अपना शाही वकील कोहेन (जे अब बिरोधी बन गइल बाड़ें) के माध्यम से पइसा उपलब्ध करवले ताकि ऊ उनकर राज ना बतावे। ई मामिला 2016 के हs, ओकरा पहिले कि उs पहिला बेर अमेरिका के राष्ट्रपति चुनल गईले।

समाचार एजेंसी एपी के रिपोर्ट के मुताबिक, जूरी डोनाल्ड ट्रंप पs फैसला देवे से पहिले दु दिन में करीब 9.5 घंटा ले विचार-विमर्श कईलस। एकरा बाद 12 सदस्यीय जूरी डोनाल्ड ट्रंप के हश मनी केस से जुड़ल सभ 34 मामला में दोषी ठहरवलस, जवना के सामना उनुका सोझा रहे। डोनाल्ड ट्रंप के हश मनी केस में एह घरी झटका लागल बा जब ऊ राष्ट्रपति चुनाव में फेर से आपन किस्मत आजमावे के तइयारी में बाड़न. अब हो सकेला कि ओह लोग के योजना बरबाद हो जाव.

जूरी के फैसला के समय डोनाल्ड ट्रंप देवाल के ओर मुँह कs के बईठल रहले। जबकि उनुकर समर्थक अवुरी विरोधी कोर्ट के बहरी भारी संख्या में जुटल रहले। फैसला के बाद कोर्ट से बाहर आवत डोनाल्ड ट्रंप कहले कि, ‘ई एगो धांधली, शर्मनाक मुकदमा रहे।’ असली फैसला 5 नवंबर के जनता के ओर से सुनावल जाई। उ लोग जानत बा कि का भईल, अवुरी इहाँ का भईल, इ सभके मालूम बा।’ अब एह मामिला में उनुका जेल के सजा के सामना करे के पड़ सकेला.

का बात बा

एह हश मनी केस में डोनाल्ड ट्रंप के खिलाफ 34 गो आपराधिक मामिला लंबित बा. अब एह मामिला में फैसला जूरी पs छोड़ दिहल गइल. अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप पs आरोप बा कि उ 2016 में भईल सेक्स कांड से बचे खातीर वयस्क फिल्म स्टार स्टॉर्मी डेनियल्स के पईसा देले रहले। ओह घरी डोनाल्ड ट्रंप रिपब्लिकन पार्टी के ओर से राष्ट्रपति पद पs दावा करत रहले। उनुका आशंका रहे कि जदी इs घोटाला सोझा आईल तs कहीं उनुका उम्मीदवारी पs असर पड़ सकता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]