देवरिया। सलेमपुर नगर के सेंट पॉल पब्लिक स्कूल के खेल मैदान में मिशन शक्ति फेज-5 के तहत सनिचर के मैत्रीपूर्ण क्रिकेट मैच के आयोजन कइल गइल। एह मैच में पत्रकार एकादश सानदार प्रदर्शन करत प्रशासन एकादश के चार विकेट से पराजित कs के ट्रॉफी पs कब्जा कइलस।
12 ओवर के मैच के सुभारंभ उपजिलाधिकारी दिशा श्रीवास्तव आ पुलिस उपाधीक्षक मनोज कुमार खिलाड़ियन से परिचय प्राप्त कs के कइल लो।
मैच में प्रशासन एकादश के कप्तान नीलेश चतुर्वेदी टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के निर्णय लिहल लोग आ टीम 12 ओवर में सब विकेट खोके 93 रन बनवलस। पत्रकार एकादश के ओर से अखिलेश सिंह घातक गेंदबाजी करत 3 ओवर में 15 रन देके 6 विकेट झटकलें। जवना खातिर उनका के मैन ऑफ द मैच चुनल गइल।
विजेता टीम के कप्तान श्यामनारायण मिश्र के राज्य मंत्री विजयलक्ष्मी गौतम आ उपजिलाधिकारी दिशा श्रीवास्तव ट्रॉफी प्रदान कइल। मंत्री कहली कि ई मैत्री मैच महिला सशक्तिकरण अभियान के तहत आयोजित कइल गइल रहे, जवना से समाज में सकारात्मक संदेश जाला।
एह अवसर पs एडीएम (वित्त आ राजस्व), तहसीलदार अलका सिंह, नायब तहसीलदार गोपाल जी, हरिलाल, सेंट पॉल स्कूल के प्रबंधक विनोद मिश्र, सेंट जेवियर्स के प्रधानाlचार्य वी.के. शुक्ल, आरएल एकेडमी के प्रबंधक संदीप कुमार श्रीवास्तव, कांग्रेस नेता डॉ. धर्मेंद्र पांडेय, मंजूर आलम, आनंद प्रकाश उपाध्याय, अमरेश सिंह बब्लू, अशोक पांडेय व अभिषेक जायसवाल सहित कइयन गो गणमान्य लोग उपस्थित रहे।
Read Also: Yayawari Chhath Song Release : 21 अक्टूबर के रिलीज होई यायावरी वाया भोजपुरी के छठ गीत “हे छठी मईया”