[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup : खुद से एशिया कप ट्रॉफी सउपे के मांग पs अड़लें मोहसिन नकवी, का अब आईसीसी बैठक में होई फैसला?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आ पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) अगिला महीना होखे वाली आईसीसी के बैठक में आमने-सामने हो सकत बा। पीसीबी अध्यक्ष मोहसिन नकवी खुद से भारत के एशिया कप ट्रॉफी सउपे के मांग पs अड़ल बाड़ें। मालूम होखे कि नकवी एशियाई क्रिकेट परिषद (एसीसी) के अध्यक्ष हवे। भारत फाइनल में पाकिस्तान के हराके एशिया कप के खिताब जीतले रहे, बाकिर टीम नकवी के हाथन ट्रॉफी लेवे से इनकार कs देले रहे।

बीसीसीआई नकवी से ट्रॉफी देवे के कहलस

बीसीसीआई हाले में नकवी के ट्रॉफी सउपे खातिर ई-मेल लिखले रहे। बीसीसीआई आ आउर एसीसी सदस्य देसन के भेजल अपना जवाब में नकवी बतवलें कि ऊ दुबई में 10 नवंबर के एगो समारोह आयोजित कइल चाहत बाड़ें, जेमे बीसीसीआई के कवनो प्रतिनिधि आ भारतीय टीम के कवनो उपलब्ध सदस्य आके उनका से ट्रॉफी लेवे। नकवी अपना जवाब में लिखलें, एसीसी ट्रॉफी सही मायना में भारतीय क्रिकेट टीम के हs आ एकरा के तब तक ट्रस्ट में रखल जाई जब तक कि बीसीसीआई के कवनो पदाधिकारी कवनो उपलब्ध प्रतिभागी खिलाड़ी के संगे एसीसी अध्यक्ष से एकरा के प्राप्त नइखे कs लेत।

बीसीसीआई आ पीसीबी के बढ़ रहल बा तनाव

आईसीसी प्रमुख जय शाह हवे जे बीसीसीआई के पूर्व सचिव रह चुकल बाड़ें। मालूम होखे कि भारत के ट्रॉफी सउपे खातिर बीसीसीआई के अफगानिस्तान आ श्रीलंका के समर्थन मिलल रहे। एह प्रतिक्रिया से बीसीसीआई आ पीसीबी के बीच अविश्वास आउर तनाव के स्पष्ट संकेत मिलत बा। नकवी के जवाब के बाद ई तय बा कि बीसीसीआई एह मुद्दा के आईसीसी के समक्ष उठाई, अइसन में ट्रॉफी विवाद पs गेना अब आईसीसी के पाले में आइल तय बा।

Read Also: IMC 2025 : इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2025 के शुभारंभ समारोह में बोललें पीएम- युवा लोग संभराल टेक क्रांति के लगाम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]