[the_ad_group id="30365"]

Cricket News : भारत से मिलल हार के बाद पाकिस्तान बदली कप्तान, सलमान अली के जाई कुर्सी, एह ऑलराउंडर के मिली कमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। हाले में खत्म भइल एशिया कप-2025 में भारत पाकिस्तान के तीन मैच में मात देले रहे। ई हार पाकिस्तान के बहुते चुभल बा आ अब ऊ फेर से बड़ बदलाव करे के सोचले बा। अबकि बेर गाज टी20 टीम के कप्तान सलमान अली अगा पs गिरी। पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) सलमान के कप्तानी से हटावे जा रहल बा। ई फैसला जल्दिये लिहल जा सकत बा।

बतौर कप्तान सलमान के प्रदर्शन बहुते खराब रहल बा। ऊ टीम के जीत तs दिला ना सकल रहस। उनकर बल्ला फेल रहल रहे। संगही उनकर बेवहारो कइयन लोगन के नजर में चुभल रहे। अइसन में पीसीबी उनका के टी20 टीम के कप्तानी से हटावे के फैसला कइले बा।

एह ऑलराउंडर के मिली कमान

अब सवाल ई बा कि जदि सलमान जात बाड़ें ते फेर उनका जगह कप्तानी के करी। समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, ऑलराउंडर शादाब खान पाकिस्तान के टी20 टीम के अगिला कप्तान हो सकत बा। पीसीबी ई फैसला बहुते अहम समय ले रहल बा काहेकि अगिला साल होखे वाला टी20 वर्ल्ड कप में जादे समय नइखे बचल। छह महीना में वर्ल्ड कप बा आ अइसन में कप्तान के बदलल पीसीबी खातिर जोखिम भरल साबित हो सकत बा।

शादाब एह समय कंधा के चोट से गुजर रहल बा। जइसही ऊ ठीक होइहें उनका के कप्तानी दे दिहल जाई। शादाब पहिलहूं टीम के कप्तानी कs चुकल बाड़ें। जब बाबर आजम टीम के कप्तान रहस तs शादाब के उप-कप्तानी सउपल गइल रहे। बाबर के गैरमौजूदगी में ऊ टीम के कप्तानी करत रहस।

पाकिस्तान के भइल फजीहत

एशिया कप में पाकिस्तान के जमके फजीहत भइल बा। भारत ओकरा खिलाफ तीन मैच खेललस। तीनो में जीत हासिल कइलस। एकरा अलावे टीम इंडिया के खिलाड़ियन के पाकिस्तानी टीम से हाथ ना मिलावल बहुते चरचा में रहल रहे। 14 सितंबर के जब एशिया कप में एह दूनो टीमन के बीच जवन पहिला मैच खेलल गइल रहे ओमे जब भारत पाकिस्तान से हाथ ना मिलवले रहे तs सलमान प्रेजेंटेशन सेरेमनी में ना आइल रहे। फाइनल में उनको हार मिलल रहे आ जब उप-विजेता के चेक पाकिस्तान के कप्तान सलमान के मिलल रहे तs ऊ एकरा फेंक देले रहस जवना के काफी आलोचना भइल रहे।

Read Also: Bihar Election : पहिला चरण के नामांकन के आखिरी दिन; NDA के प्रत्याशी तय, महागठबंधन में खाली कांग्रेस के सूची आइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]