[the_ad_group id="30365"]

Yayawari Chhath Song Release : 21 अक्टूबर के रिलीज होई यायावरी वाया भोजपुरी के छठ गीत “हे छठी मईया”

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : लोक आस्था के महापर्व छठ नजदीक बा। एकरा के लेके अभिये से गीत-संगीत के दुनिया में छठ से जुड़ल गीत सुनाई देवे लागल बा। एही कड़ी में भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” छठ गीत लेके आ रहल बा। 21 अक्टूबर के यायावरी वाया भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पs रिलीज हो रहल वायरल दादी आ उनकर टीम अभिनीत “हे छठी मईया…” गीत के झारखंडी कोयलिया नाम से मशहूर लोकगायिका शालिनी दूबे स्वर देले बाड़ी।

वायरल दादी के टीम कइले बिया अभिनय

छठ के एह गीत में वायरल दादी के नाम से प्रसिद्ध टीम के दादी, गौरव मिश्र, सौरव मिश्र आ महिमा वर्मा के संगे चंद्रप्रकाश शर्मा आ अनुप्रिया चौहान अभिनय कइले बा लाेग। झारखंड के प्रसिद्ध लोकगायिका शालिनी दूबे के सुरीली आवाज में स्वरबद्ध एह गीत के सुधीर कुमार मिश्र कलमबद्ध कइले बाड़ें। ओहिजा, धुन आदित्य राजन आ संगीत कार्तिकेय द्विवेदी तइयार कइले बाडें। सुमित आ सुधांशु के नेतृत्व में वन शॉट फिल्म्स एंड फिल्मोग्राफी के टीम एकर फिल्मांकन कइले बिया।

संस्था के ऑपरेशनल हेड गौरव मणि त्रिपाठी बतवनी कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप “यायावरी वाया भोजपुरी” के ओर से यूट्यूब चैनल के माध्यम से समय-समय पs तीज-त्योहार, भोजपुरी के पारंपरिक विधा सोहर, भजन, गजल, शादी गीत, कजरी आदि गीतन के संगही प्रेम गीत, विरह गीत आदि साफ-सुथरा गीत रिलीज कइल जाला। एह तरे श्रोत लोग आ दर्शकन के बेहतर विकल्प प्रदान करे के कोसिस कइल जाला। एही कड़ी में पूर्वांचल के लोकप्रिय पर्व छठ के अवसर पs अब ई गीत रिलीज कइल जा रहल बा। उहां के भोजपुरी प्रेमियन एह गीत के जादे से जादे संख्या में देखे आ साफ-सुथरा गानन के लेके चल रहल एह मुहिम में समर्थन के अपील कइले बानी।

Read Also: Cricket News : भारत से मिलल हार के बाद पाकिस्तान बदली कप्तान, सलमान अली के जाई कुर्सी, एह ऑलराउंडर के मिली कमान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]