Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया: डायट के निरीक्षण में मोबाइल में फिलिम देखत मिलले लिपिक, तनखाह रोकले पर डीएम के दिहलें सफाई

196

जिलाधिकारी जितेंद्र प्रताप सिंह के डायट के निरीक्षण के दौरान 18 नवंबर के खामी मिलल रहे। डीएम स्पष्टीकरण मंगलें त कर्मचारी अउर प्राचार्य तरह-तरह के बहाने बनावत रोचक जवाब दिहले बानें। केहू उल्टी, दस्त, सिर दर्द त केहू मोबाइल न चला पवले के बहाना बनवले बानें। एकरे जरिए खेद प्रगट करत कर्मचारी लोग क्षमा याचना मंगले बानें। एकरे जवाब से डीएमो सोचे के मजबूर बानें कि अइसन कर्मचारियन पर आगे के का कार्रवाई कइल जाय, ताकि व्यवस्था सुधर जाए।

डीएम डायट के निरीक्षण कइले रहनें। एह दौरान एगो लिपिक मोबाइल पर फिल्म देखत पावल गइल रहनें। कई खामी मिलल। उपस्थित पंजिका पs हस्ताक्षर कs के नदारद मिलल रहनें। इहां ले कि प्राचार्य उपस्थित पंजिका पs हस्ताक्षर नाइ कइले रहनें। एह पर डीएम जवाब तलब कइले रहनें।

अपने बचाव में कनिष्ठ सहायक मुन्नी लाल कहले बानें कि शुगर, ब्लड प्रेशर के मरीज बानें। डॉक्टर के अनुसार समय पर दवा खाए के होला। निरीक्षण के दौरान दवा खइले के पहिले दराज में अभिलेख रख के नाश्ता कs के दवाई लिहले। एही दौरान पत्नी के फोन आइल कि दवाई समय से खा लें। फोन रखत समय अचानक राउर आगमन हो गइल जेसे घबरा कर फोन चालू हालत में जेब में रख लिहलें। इंटरनेट आन होखले के चलते दूसर प्रोग्राम चालू हो गइल। एकरे चलते फिलिमियो सामने आ गइल। अभिन ले नार्मल फोन चलावत रहनीं, ऍड्रायड फोन हाल के दिन में लिहले बानीं, जेके ठीक से चलावल नाइ जानेंनी।

403110cookie-checkदेवरिया: डायट के निरीक्षण में मोबाइल में फिलिम देखत मिलले लिपिक, तनखाह रोकले पर डीएम के दिहलें सफाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.