[the_ad_group id="30365"]

आशा कार्यकर्ता मसरख सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में जड़ल लो ताला: छपरा में 9 सूत्री मांगन के लेके आशा कार्यकर्तन के प्रदर्शन, सड़कन पs जमके नारेबाजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में 12 जुलाई से आशा कार्यकर्ता लगातार अपना मांगन के लेके हड़ताल पs बा लो। सुक के आशा कर्मी सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र से रैली निकालल लो। ऊ लोग हंगामा कs के स्वास्थ्य केंद्र के सब सेवा के बंद करा दिहल। आशा संयुक्त संघर्ष संघ के आह्वान पs राज्यव्यापी अनिश्चितकालीन हड़ताल कइल गइल।

प्रदर्शन कs रहल लोग ओपीडी कक्ष सहित सब कमरन में ताला लगा दिहल। एसे चिकित्सा सेवा बाधित हो गइल। हालांकि चिकित्सा प्रभारी आ स्थानीय जनप्रतिनिधि ताला खुलवा लेले बा लो।

राज्य सरकार के विरोध में आशा कार्यकर्ता जमके नारेबाजी कइल लो। मांगन के बैनर लेके सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र के सामने प्रदर्शन करत नारेबाजी कइल लो। कार्यकर्ता रिवॉर्ड के बदलके नियमित मासिक मानदेय करे आ एक हजार के जगह 20 हजार देवे के मांग कइल लो। बकाया कोरोना भत्ता 10 हजार रुपिया के राशि प्रदान करे के मांग कइल लो।

आशा कार्यकर्ता सब तरे के भुगतान में पारदर्शिता बरते, अस्पताल परिसर में कमरा के बेवस्था करे, भुगतान में भ्रष्टाचार, कमीशनखोरी पs सख्ती से रोक लगावे के मांग कइले बा लो। ऊ लोग कहल कि जब तक ओह लोगन के मांग पूरा नइखे हो जात, तब तक ई हड़ताल जारी रही। एह आंदोलन के आउर उग्र कइल  जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]