[the_ad_group id="30365"]

कोरोना जइसन बड़ महामारी से बचे खातिर वृक्षारोपण जरूरी– विधायक दीपक मिश्रा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अखिलेश कुमार सिंह: वृक्षारोपण जन अभियान के अंतर्गत ग्राम पंचायत गहिला में वैदिक मंत्रन के संगे विधायक दीपक मिश्रा आ ग्राम प्रधान सन्तोष खरवार वृक्षारोपण कइलें। एही क्रम में बिलासपुर में विधायक दीपक मिश्रा आ वीडीओ शांति देवी वृक्षारोपण कइले लो। श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज के सब शिक्षक लोग वृक्षारोपण के काम कइल। कामपोजिट विद्यालय गहिला के प्रधानाचार्य सुशीला देवी कमलावती देवी, स्वेता देवी आ छात्र छात्रा लोग पवधन के रोपल। वृक्षारोपण अभियान के अंतर्गत गहिला में 14 सौ आ बिलासपुर में 3 हजार पौधा लगावे के लक्ष्य रखल गइल बा।

विधायक दीपक मिश्रा कहलें कि उत्तर प्रदेश सरकार के द्वारा 35 करोड़ पवधन के लगावे के लक्ष्य रखल गइल बा। आवे वाला भविष्य में कोरोना जइसन महामारी से लड़े में हमनी के मदद मिल सके आ बिना मौसम बरखा जवन पर्यावरण असंतुलन के वजह से हो रहल बा ओकरा के रोकल जा सके। एहिसे क्षेत्र के हर नागरिक से अपील करत बानी कि एगो पवधा जरूर लगावे लो।

एह कार्यक्रम के अंतर्गत रामजी सिंह, सूर्यप्रकाश मिश्रा, अनुपम मिश्रा, अंगद तिवारी, धनेश यादव, दीपक सिंह, प्रधान सन्तोष खरवार, प्रधान पवन तिवारी , प्रमोद यादव, सन्तोष, आकाश कुशवाहा, रामजन्म सिंह, नन्हें यादव, सरोज कुमार, संतोष यादव, जितेंद्र अग्रहरि, सनी यादव, रणविजय, नितेश यादव, राहुल यादव, संतोष कुशवाहा आदि लोग हिस्सा लिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]