[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में 6 अगस्त के होई भोजपुरी के संविधान में सामिल करावे खातिर धरना, संविधान के 8 वीं अनुसूची में सामिल करे के सालन से चलल आ रहल बा मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर/दिल्ली: भोजपुरी जन जागरण अभियान इकाई पुरवैया (रजि०) द्वारा भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में सामिल करावे खातिर संगठन के अध्यक्ष डाॅ० संतोष पटेल के नेतृत्व में आवे वाला 6 अगस्त 2023 दिन अतवार के दिल्ली के जंतर मंतर पर 11 बजे से दुपहरिया 3 बजे तक एक दिन के धरना के आयोजन कइल गइल बा। संतोष पटेल कहलें कि संस्था अब तक 18 बेर धरना प्रदर्शन कइले बा आ अबकी बेर 19वां धरना के आयोजन कs रहल बा। एह धरना में देस के अलग-अलग राज्यन से भोजपुरी के समर्पित संस्था आ भोजपुरी के कवि, कलाकार, साहित्याकर आ उर भोपुरी प्रेमी सामिल होला लो आ अबकियो सामिल हो रहल बा लो।

एह संबंध में संगठन के महासचिव कवि आ अभिनेता अभिषेक भोजपुरिया बतवलें कि भोजपुरी भाषा भारत समेत दुनिया के सोलह देसन में लगभग 25 करोड़ लोगन द्वारा बोलल जाये वाली भाषा हs। मारीशस आ नेपाल में एकरा मान्यता प्राप्त बा। बिहार यूपी सहित आउर राज्यन में प्राथमिक स्तर से लेके विश्वविद्यालयन में एकर पढ़ाई करावल जाला। एकर सिनेमा आ लोकसंगीत बहुते समृद्ध बा। बाकिर ई दुर्भाग्य के बात बा कि एतना समृद्धशाली भाषा के आज तक अपने देस के भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची तक में सामिल ना कइल गइल। ऊ कहलें- हम तमाम भोजपुरी प्रेमियन से निवेदन करत बानी कि  एह धरना में सामिल होके अपना मातृभाषा खातिर आवाज उठाई आ सरकार से मांग करीं कि एह भाषा के संविधान में जगह दिहल जाव।‌

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]