[the_ad_group id="30365"]

मुहर्रम के लेके डायवर्जन: काल गोरखपुर शहर में नाहीं आइ बड़ वाहन, कई गो रास्तन पs रिक्शा ले प्रतिबंधित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के मुहर्रम पर्व के देखत शहर में 29 जुलाई के सबेरे 8 बजे से महोत्सव के अंत ले रूट डायवर्सन लागू रही। शहर में कवनो बड़ गाड़ी के प्रवेश ना होई। शहर के भीतर के बहुत सड़क पs भी गाड़ी, रिक्शा, बाइक के आवाजाही पs रोक लगा दिहल जाई।

एह रूट पs गाड़ी ना जाई

दुर्गाबाड़ी, अलीनगर, बक्शीपुर, जुगनू तिराहा, ट्रांसपोर्ट नगर, राप्ती नदी के पुल के मार्ग पs, घोष कंपनी से नखास ले आ घोष कंपनी से रेती चौक ले, अलहदादपुर तिराहा से घंटाघर ले, नार्मल टैक्सी स्टैंड से पांडेयहाता, घंटाघर तक, नार्मल से बरफखाना, हांसूपुर ले, हुमायंपुर रेलवे ओवरब्रिज से गंगेज चौराहा, अलीनगर, बक्शीपुर, घंटाघर के तरफ, अग्रसेन तिराहा से बक्शीपुर चौराहा के तरफ, विजय चौक से अलीनगर, चरनलाल चौक के तरफ, खूनीपुर, साहबगंज से बक्शीपुर के तरफ, घासी कटरा, मिर्जापुर, लालडिग्गी से बक्शीपुर के तरफ, लालडिग्गी से गीता प्रेस, रेती चौक ले, फलमंडी चौराहे से राजघाट पुल के ओर, जटाशंकर तिराहा से अलीनगर के तरफ, मदीना मस्जिद चौराहा से शाहमारूफ ले चार पहिया, दु पहिया, रिक्शा अवुरी साइकिल के आवाजाही पs रोक लगा दिहल जाई।

इहाँ से बड़-बड़ गाड़ी गुजरी

•संतकबीर नगर से गोरखपुर आवे वाली भारी गाड़ियन के सहजनवां बाईपास जीरो प्वाइंट से डायवर्ट क के बाघागाड़ा, रामनगर कड़जहां भा जंगल कौड़िया के रास्ता से भेजल जाई।

•बड़हलगंज से गोरखपुर के ओर आवे वाली गाड़ियन के बेलीपार इलाका बाघागाड़ा में फोर लेन से डायवर्ट क के रामनगर कड़जहां के रास्ता से भेजल जाई।

• देवरिया बाईपास से लखनऊ के ओर जाए वाली बस के डायवर्ट क दिहल जाई, इ गाड़ी देवरिया बाईपास होके रामनगर कडजहां जाई। चार पहिया वाहन के भी जरूरत पड़ला पs डायवर्ट क दिहल जाई।

•नौसड़ चौक से टीपी नगर चौक के ओर सभी हल्का गाड़ियन पर रोक लगा दिहल जाई, ई गाड़ी बाघागाड़ा, रामनगर कडजहां होत जाई।

• हर तरह के सरकारी गाड़ी आ निजी वाहन आदि चार गेट ओवरब्रिज से सीएस चौराहा, मोहद्दीपुर चौराहा होके कौवाबाग बाईपास रोड, पादरी बाजार चौकी, फातिमा अस्पताल, खजांची चौराहा होके भगवानपुर होत बरगदवा चौकी होके सोनौली की ओर जाई।

• फरेंदा, पी.पी.गंज से गोरखनाथ मंदिर के ओर आवे वाली गाड़ी पs रोक लगावल, इ गाड़ी बरगदवा तिराहा से फर्टिलाइजर, खजांची चौराहा से झुंगिया होत फातिमा अस्पताल, पादरी बाजार चौकी चौराहा बाईपास रोड, मोहद्दीपुर होत चार फाटक ओवरब्रिज, देवरिया अवुरी कुशीनगर के ओर जाई ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]