[the_ad_group id="30365"]

Delhi: जीबी रोड से दू गो नाबालिग के बचावल गइल… आधार कार्ड से छेड़छाड़; कोठा मालकिनी के रहे हाथ;

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य दिल्ली के कमला मार्केट इलाका के जीबी रोड से दू गो नाबालिग के बचा लिहल गइल बा। दुनु के आधार कार्ड से छेड़छाड़ कs के देह व्यापार में मजबूर कर दिहल गइल। पुलिस कोठा मलिकिन समेत दु आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया।

मध्य दिल्ली जिला के कमला मार्केट थाना श्रद्धानंद मार्ग (जीबी रोड) पर स्थित कमरा नंबर 59 से दू गो नाबालिग लड़िकियन के मुक्त कर दिहले बा। दुनो लईकिन के बड़ आदमी देखा के आधार से छेड़छाड़ क के देह व्यापार में मजबूर कइल जात रहे। पुलिस वेश्यालय पs छापामारी कs के छोड़ा दिहलस। पुलिस ए मामिला में कोठा मालिकिन समेत दु आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया।

आरोपी के पहचान कोठा मालकिन किरण (53) आ लाला राम उर्फ सुनील (48 साल) के रूप में भइल बा। किरण के निर्देश पs लालाराम आधार कार्ड से छेड़छाड़ कs के दुनो के नकली आधार कार्ड तैयार कs लेले रहे। पुलिस दुनो लईकिन के मेडिकल जांच करा के शेल्टर होम भेज देलस। आरोपी के लगे से एगो मोबाइल फोन, सैमसंग के नोटबुक, पैन कार्ड आ बाकी कागजात बरामद भइल बा। फरार आरोपी के तलाश जारी बा।

केन्द्रीय जिला पुलिस उपायुक्त एम हर्ष वर्धन बतवले कि 16 जुलाई के रात कमला मार्केट थाना प्रभारी आ श्रद्धानंद मार्ग थाना प्रभारी किरण सेठी के संगे बाकी कर्मचारी एगो वेश्यालय के जांच करत रहले। एही बीच जब ऊ लोग कमरा नंबर 59 के ऊपरी मंजिल पs पहुंचले तs ऊ लोग के दु लईकी मिल गइल। दुनु नाबालिग लागत रहे। पुलिस जब ओह लोग से कागजात मंगलस तs दुनो लोग के उम्र आधार कार्ड के मुताबिक 18 साल से ऊपर के रहे।

जांच के बाद दुनो के उमर 17 साल के पावल गइल। पुलिस दुनो के कोठा से मुक्त करा देलस। बाद में मेडिकल करावे के बाद दुनो के शेल्टर हाउस में एनजीओ के सौंप दिहल गइल। जांच के दौरान टीम के पता चलल कि कोठा मालिकिनी दुनो के एक साल पहिले लेके आइल रहे।

ऋषि आ संजय नाम के लइका ओह लोग के लेके आइल रहे । 18 जुलाई के दुनों के बयान दर्ज कइला के बाद किरण के गिरफ्तार कs लिहल गइल। किरण बतवले कि ऊ सबजी मंडी इलाका के ललाराम के मदद से दुनो के फर्जी आधार कार्ड तैयार कइले। संगही पुलिस ललाराम के गिरफ्तार कs लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]