[the_ad_group id="30365"]

वेल्डिंग करे के दौरान तेल टैंकर में भइल धमाका, एगो शख्स के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के द्वारका सेक्टर-23 में तेल टैंकर में वेल्डिंग के दौरान अचानक विस्फोट हो गइल। एह दुर्घटना में एक जने के मौत हो गइल। एही बीच तीन लोग अउरी गंभीर रूप से घायल हो गइले।

द्वारका सेक्टर 23 के भरथल गांव में तेल टैंकर में वेल्डिंग के दौरान अचानक विस्फोट हो गइल। एह दुर्घटना में एक जने के मौत हो गइल। एही बीच तीन लोग अउरी गंभीर रूप से घायल हो गइले। सभे घाही के बगल के इंदिरा गांधी अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां से उनका के सफदरजंग अस्पताल रेफर कऽ दिहल गइल। एक जाना के इलाज के दौरान मौत हो गइल।

मरेवाला के पहचान बिजवासन निवासी मायाराम (36) के रूप में भइल बा। घाही के पहचान भरथल गांव के निवासी राकेश (32), फैयाज (22) अउरी समीर (23 साल) के रूप में भइल बा। क्राइम अउरी फोरेंसिक टीम मौका से कुछ सबूत बरामद क लेले बिया। पुलिस मामला के जांच में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]