[the_ad_group id="30365"]

सासाराम फोरलेन पऽ बड़ हादसा, ट्रक में बस मरलस टक्कर; 3 के मौत आ 15 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सासाराम में सोमार के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। चेनारी थाना क्षेत्र के सबराबाद में सोमार के सबेरे एगो बस फोर लेन पs खड़ा ट्रक से टकरा गइल जवना से तीन लोग के मौत हो गइल आ 15 लोग घायल हो गइले जवना में आठ गो मेहरारू शामिल बाड़ी। मरेवाला युवक राजस्थान के जलावड़ जिला के रहेवाला हउवें आ पिंड दान करे खातिर गया जात रहले।

बिहार के सासाराम से एगो बड़ खबर सामने आइल बा। सासाराम फोर लेन पs खड़ा ट्रक से एगो बस टक्कर मार दिहलस। एमें तीन जने के मौत हो गइल बा। एकरा संगे-संगे आठ महिला समेत 15 जने के घायल होखे के खबर बा।

इ घटना सोमवार के सबेरे चेनारी थाना क्षेत्र के सबराबाद में भइल।  मरेवाला गोवर्धन सिंह, बाला सिंह अवुरी राजेन्द्र सिंह राजस्थान के जलावड़ जिला के निवासी बतावल जाता। राजस्थान से पिंड दान करे खातिर गया जात रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]