Delhi Double Murder : शाहदरा में सनसनीखेज दोहरा हत्या कांड, बुजुर्ग दंपति के हत्या; अलग-अलग कमरन में मिलल शव

Bangladesh violence as Hindu man Bajendra Biswas shot dead in Mymensingh district

Share

नई दिल्ली। दिल्ली के शाहदरा इलाका में एगो सनसनीखेज दोहरा हत्या कांड से पूरा मोहल्ला दहशत में आ गइल बा। राम नगर एक्सटेंशन में इस्थित एगो मकान के तीसरा मंजिल पs रह रहल बुजुर्ग दंपती के बेरहमी से हत्या कs दिहल गइल। मरे वालन में 75 बरिस के विरेंद्र कुमार बंसल, जे पेशा से रिटायर्ड टीचर रहलें आ उनकर 65 बरिस के पत्नी परवेश बंसल, जवन गृहिणी रहली, सामिल बा लोग। दुनो के शव अलग-अलग कमरन में खून से लथपथ हालत में मिलल।

एह वारदात के जानकारी पुलिस के आधा रात करीब 12 बजके 30 मिनट पs पीसीआर कॉल के माध्यम से मिलल। कॉल दंपती के बेटा वैभव बंसल कइले रहलें। वैभव बतवलें कि उनकर माई-बाबूजी घर में बेहोश हालत में पड़ल बा लाेग आ सायद अब जिंदा नइखे लोग। सूचना मिलतही एमएस पार्क थाना के पुलिस टीम फौरन मौका-ए-वारदात पs पहुंच गइल।

मौका पs पहुंच के पुलिस जब जांच कइलस तs विरेंद्र कुमार बंसल के चेहरा पs गंभीर चोट के निशान मिलल। एही से साफ हो रहल बा कि हत्या बेरहमी से कइल गइल। पुलिस दुनो शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर अस्पताल के मोर्चरी भेज देलस। घटना के गंभीरता के देखत क्राइम टीम आ एफएसएल (फॉरेंसिक साइंस लैब) टीम बोलावल गइल, जवन मौका के बारीकी से जांच कइलस आ फोटोग्राफी कइलस।

पुलिस के सुरुआती जांच में लूटपाट के इरादा से हत्या भइला के आशंका से इनकार नइखे कइल जा सकत। हालांकि, पुलिस हर पहलू से जांच कs रहल बिया ताकि सच सामने आ सके। फिलहाल एह बात के पुष्टि नइखे भइल कि घर से कवनो कीमती सामान चोरी भइल बा कि ना।

एह घटना के बाद इलाका में डर के माहौल बन गइल बा। लोगन में सुरक्षा बेवस्था के लेके सवाल उठ रहल बा। पुलिस टीम आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज खंगाल रहल बिया आ पड़ोसियन आ संभावित गवाहन से पूछताछ सुरू कs दिहल गइल बा। पुलिस दावा के रहल बिया कि जल्दिये एह दोहरा हत्या कांड के खुलासा कइल जाई।

Read Also: IPL 2026 : विवाद के बीच BCCI के केकेआर के निरदेस, मुस्तफिजुर रहमान के रिलीज करे के कहल; सैकिया देलें प्रतिक्रिया

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-