US Venezuela Tension : के हs वेनेजुएला के राष्ट्रपति मादुरो, जेकरा के अमेरिका घर में घुस के पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका वेनेजुएला के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो के घर में घुस के पकड़ लेले बा। एह कार्रवाई में मादुरो के संगे उनकर पत्नियो के मवजूदगी बतावल जा रहल बा। खुद अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका वेनेजुएला के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो के घर में घुस के पकड़ लेले बा। एह कार्रवाई में मादुरो के संगे उनकर पत्नियो के मवजूदगी बतावल जा रहल बा। खुद अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एह कार्रवाई के एलान कइलें। एकरा पहिले अमेरिका वेनेजुएला पs सैन्य हमला कइलस। अमेरिका साल 2020 से मादुरो के पीछे पड़ल बा आ ओह घड़ी उनका ऊपर इनामो घोषित कइल गइल रहे।

2013 में मादुरो बनलें राष्ट्रपति

निकोलस मादुरो मोरोस के जनम 1962 में भइल। ऊ वेनेजुएला के बड़ नेता आ यूनाइटेड सोशलिस्ट पार्टी के प्रमुख हवे। साल 2013 में ऊ वेनेजुएला के 53वां राष्ट्रपति चुनल गइलें। मादुरो के राजनीतिक उभार वामपंथी आंदोलन से भइल आ ऊ पूर्व राष्ट्रपति ह्यूगो शावेज के करीबी मानल जात रहलें।

साल 2006 से 2013 ले ऊ बिदेस मंत्री रहलें। 2012 में उनका के उप-राष्ट्रपति बनावल गइल। शावेज के मौत के बाद 2013 में मादुरो अंतरिम राष्ट्रपति बनलें आ बाद में चुनाव जीत के राष्ट्रपति बन गइलें। हालांकि, उनकर शासन आर्थिक संकट, अंतरराष्ट्रीय प्रतिबंध, जनता के विरोध प्रदर्शन आ वैश्विक स्तर पs अलग-थलग पड़ला से भरल रहल।

अमेरिका काहे पड़ल मादुरो के पीछे

अमेरिका लगातार मादुरो के राष्ट्रपति पद के वैधता पs सवाल उठावत रहल बा। मादुरो पs मानवाधिकार उल्लंघन, चुनावी धांधली आ नार्को-टेररिज्म बढ़ावे के आरोप लगावल गइल बा।
साल 2020 में अमेरिका मादुरो पर 15 मिलियन डॉलर के इनाम रखलस। ई पहिला मौका रहे जब अमेरिका उनका ऊपर ड्रग तस्करी के सीधा आरोप लगवलस। बाद में जनवरी 2025 में ई इनाम बढ़ाके 25 मिलियन डॉलर कs दिहल गइल। एकरा संगे वेनेजुएला के कइयन गो शीर्ष अधिकारियन पs सख्त प्रतिबंध लगावल गइल।

वेनेजुएला के प्रतिक्रिया

अमेरिका दावा कइलस कि सुक के देर रात बड़ पैमाना पs हमला कइला के बाद राष्ट्रपति मादुरो के पकड़ के देस से बाहर ले जाइल गइल। अमेरिका एह कार्रवाई के “असाधारण रात्री अभियान” बतवलस, जवना के घोषणा राष्ट्रपति ट्रंप सोशल मीडिया पs कइलें।

ओने, वेनेजुएला के उपराष्ट्रपति डेल्सी रोड्रिगेज कहलें कि मादुरो आ उनकर पत्नी के बारे में कवनो आधिकारिक जानकारी नइखे। उनकर कहनाम बा कि “हम मादुरो के जिंदा होखे के सबूत चाहत बानी।”

Read Also: IFJ Report : 2025 पत्रकारन खातिर रहल सबसे खतरनाक साल, दुनिया भर में 128 मीडियाकर्मी मारल गइलें; गाजा आ पश्चिम एशिया सबसे भयावह

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.