IPL 2026 : विवाद के बीच BCCI के केकेआर के निरदेस, मुस्तफिजुर रहमान के रिलीज करे के कहल; सैकिया देलें प्रतिक्रिया

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 के सुरू होखे से पहिलही एगो बड़ विवाद सामने आ गइल बा। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव देवजीत सैकिया, कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) फ्रेंचाइजी से बांग्लादेश के तेज गेंदबाज

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 के सुरू होखे से पहिलही एगो बड़ विवाद सामने आ गइल बा। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव देवजीत सैकिया, कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) फ्रेंचाइजी से बांग्लादेश के तेज गेंदबाज मुस्तफिजुर रहमान के रिलीज करे के निरदेस देले बाड़ें। मुस्तफिजुर के टीम में सामिल कइल गइला के बादे से केकेआर आ ओकर मालिक बॉलीवुड सुपरस्टार शाहरुख खान के जमके आलोचना हो रहल बा। अब एह ममिला में बीसीसीआई खुद दखल दे देले बिया।

काहे खड़ा भइल विवाद?

दरअसल, मुस्तफिजुर रहमान के केकेआर में सामिल कइल गइला के बाद लगातार विवाद बढ़ रहल बा। शाहरुख खान के खिलाफ बयानबाजी सुरू हो गइल बा। ई विवाद बांग्लादेश में हिंदू अल्पसंख्यकन पs हो रहल हिंसा से जुड़ल बतावल जा रहल बा। बीतल कुछ महीना में बांग्लादेश से आइल खबरन से भारत में चिंता बढ़ल बा। एह मुद्दा के आधार बना के भाजपा आ शिवसेना के कइयन गो  नेता आईपीएल में बांग्लादेशी खिलाड़ी के खेलावे पर सवाल उठावत रहे लोग।

बीसीसीआई के दखल, केकेआर के राहत

विवाद बढ़त देख बीसीसीआई एह ममिला में हस्तक्षेप कइलस। बीसीसीआई सचिव देवजीत सैकिया बयान देलें कि देस भर में चल रहल मौजूदा हालात के देखत केकेआर फ्रेंचाइजी से मुस्तफिजुर रहमान के रिलीज करे के निरदेस दिहल गइल बा। संगही इहो साफ कइल गइल कि जदि केकेआर चाहे तs बोर्ड ओकरा के रिप्लेसमेंट खिलाड़ी लेवे के इजाजत दी।

नीलामी में मोट रकम खर्च कइले रहे केकेआर

आईपीएल 2026 खातिर दिसंबर महीना में मिनी नीलामी भइल रहे। एह नीलामी में केकेआर मुस्तफिजुर रहमान के 9.20 करोड़ रुपिया में किनले रहे। मुस्तफिजुर के बेस प्राइस 2 करोड़ रुपिया रहे। ओह समय चेन्नई सुपर किंग्स आ केकेआर के बीच जबरदस्त होड़ देखे के मिलल आ आखिरकार केकेआर मोटी रकम खर्च कs के मुस्तफिजुर के अपना पाला में कइले रहे। हालांकि, किनल गइला के बादे से केकेआर आ शाहरुख खान निशाना पs आ गइल रहे।

सात बांग्लादेशी खिलाड़ी नीलामी में रहलें सामिल

आईपीएल 2026 के मिनी नीलामी में कुल सात बांग्लादेशी खिलाड़ी सामिल रहे लोग, जवना में रिशाद हुसैन, तस्कीन अहमद, तंजीम हसन साकिब, नाहिद राणा, रकीबुल हसन, मोहम्मद शोरिफुल इस्लाम आ मुस्तफिजुर रहमान के नाम रहे। एह सब में से खाली मुस्तफिजुर रहमान के खरीदार मिलल रहे।

Read Also: Magh Mela 2025 : चतुर्ग्रहीय योग में त्रिवेणी तट पs माघ मेला के आज से श्रीगणेश, गृहस्थ लोग प्रयागराज में डेरा डालल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.