[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली बिल राज्यसभा में पास होखल पक्का, मोदी सरकार के मिलल YSR के साथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दिल्ली बिल के मुद्दा पs मोदी सरकार के वाईएसआर कांग्रेस के समर्थन मिलल बा। संसद में वाईएसआरसीपी के नेता वी विजयसाई रेड्डी कहले कि उनुकर पार्टी मोदी सरकार के संगे खड़ा बिया। वाईएसआरसीपी के कहनाम बा कि दिल्ली से जुड़ल अध्यादेश विधेयक पs केंद्र सरकार के पक्ष में बा। एकरा संगे मोदी सरकार के खिलाफ अविश्वास के प्रस्ताव के विरोध भी करीहे।

राज्यसभा में वाईएसआरसीपी के 9 सांसद बाड़े। वी विजयसाई रेड्डी कहले कि, “हम दुनो मुद्दा पs सरकार के पक्ष में वोट देब। वाईएसआरसीपी के समर्थन से राज्यसभा में दिल्ली विधेयक के पारित होखे के पुष्टि हो गईल बा। खिलाफ में वोट करी।”

वाईएसआरसीपी के समर्थन से पहिले राज्यसभा में सरकार के गिनती 112 रहे जवन बहुमत से आठ कम रहे। पार्टी के 9 सांसद दिल्ली विधेयक पs मोदी सरकार के पक्ष में वोट दिहे। एह तरह से एह विधेयक के समर्थन में 121 वोट मिली जवन बहुमत के निशान से एक मत अधिका बा. सरकार के बसपा, जदएस अवुरी टीडीपी से भी समर्थन के उम्मेद बा। ए तीनों दल के एक-एक सांसद बा। अयीसना में ए विधेयक के पक्ष में 124 वोट मिल सकता। एह तरह से विधेयक आसानी से पारित हो जाई।

दूसर ओर अगर बीजू जनता दल (भाजद) सदन से बाहर निकल जाई त बहुमत के आंकड़ा 115 रह जाई अवुरी तबहूँ सरकार के ए विधेयक के पास करावे में कवनो परेशानी ना होई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]