[the_ad_group id="30365"]

जदयू दिल्ली अध्यादेश पs जारी कइलस व्हिप, हरिवंश समेत सब राज्‍यसभा आ लोकसभा सदस्य के संसद में रहे के निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार के खिलाफ संसद में विपक्ष अविश्‍वास प्रस्‍ताव पेश कइले बा। संसद में केंद्र सरकार द्वारा ले आवल गइल अध्यादेश पs मतदान होखे के बा। एकरा खातिर नीतीश कुमार के पार्टी जदयू राज्‍यसभा आ लोकसभा के अपना सब सदस्यन खातिर व्हिप जारी कइले बा।

जदयू के ओर से जारी व्हिप में राज्यसभा के उप सभापति हरिवंश के विपक्ष के समर्थन करे खातिर कहल गइल बा। जदयू के ओर से बियफे के जारी व्हिप में उनका के ई कहल गइल बा कि 27 जुलाई से लेके 11 अगस्त तक ऊ सदन में मवजूद रहस।

एह अवधि में दिल्ली सरकार के सुप्रीम कोर्ट से मिलल तबादला के अधिकार के खिलाफ केंद्र सरकार द्वारा ले आवल गइल अध्यादेश पs मतदान होखे के बा। जदयू सांसदन के केंद्र सरकार के एह फैसला के खिलाफ वोट करे के कहल गइल बा।

राज्यसभा के नियम बा कि सदन के उपसभापित पs व्हिप तब तक लागू ना होला, जब तक ऊ आसन पs सदन चलावे खातिर बइठल होला। जदि हरिवंश के खुद के व्हिप के दायरा से बचावे के बा तs ऊ मतदान के दौरान आसन पs मवजूद रहे के होई। आसन पs जदि ऊ ना बइठल होइहें तs उनका खातिर जदयू के व्हिप के पालन कइल अनिवार्य होई।

अइसन ना कइला पs जदयू उनकर राज्यसभा के सदस्यता के खतम करावे के कार्रवाई बढ़ा सकत बा। हरिवंश खातिर व्हिप के राजनीतिक गलियारा में एह कारण से चरचा बा कि पिछला दिनन संसद के नया भवन के उद्घाटन के मवका पs ऊ जदयू के बहिष्कार के फैसला के अनुपालन ना कइले रहस। पार्टी के भीतर एह बात के लेके उनकर खूब आलोचना भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]