[the_ad_group id="30365"]

आजु बनारस अइहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह: ‘देखो हमरी काशी’ के करिहें विमोचन, ई दिग्गज लोग रहिहें मौजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रख्यात लेखक हेमंत शर्मा के पुस्तक ‘देखो हमरी काशी’ के विमोचन समारोह में शुक्क के रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह वाराणसी अइहें। उनके संगही केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान भी काशी पहुंचिहें। रुद्राक्ष कंवेंशन सेंटर में आयोजित भव्य समारोह में राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबोले भी उपस्थित रहिहें।

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह शुक्क के दूपहर करीब साढ़े तीन बजे विमान से बाबतपुर एयरपोर्ट पहुंचिहें। इहां से सर्किट हाउस अइहें अउर विश्राम कइला के बाद करीब पांच बजे रुद्राक्ष कंवेंशन सेंटर पहुंचिहें। इहां काशी के अनुभव के समाहित करे वाली पुस्तक ‘देखो हमरी काशी’ के विमोचन समारोह के अध्यक्षता करिहें।

करीब दू घण्टा ले चले वाले एह कार्यक्रम में राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबाले के हाथे पुस्तक के विमोचन होई। केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान एह समारोह में विशिष्टि अतिथि के रूप में मौजूद रहिहें। एह आयोजन के समापन के बाद रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सर्किट हाउस में रात्रि विश्राम करिहें अउर शनिवार के सुबह नौ बजे दिल्ली रवाना होइहें। केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान शुक्क रतिये में इहां से रवाना हो जइहें।

रक्षा मंत्री के आगमन के तैयारी में जुटल प्रशासन

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के आगमन की तैयारी में प्रशासन जुट गइल बा। बियफे के उनके रूट आदि के रिहर्सलो करावल गइल। ओंने आयोजन स्थल पर भी सुरक्षा के व्यापक इंतजाम करावल गइल बा। उम्मीद जतावल जा रहल बा कि ऊ काशी विश्वनाथ मंदिर में दर्शन-पूजन भी कs सकsतने। अइसन में मंदिर में भी पुख्ता तैयारी करावल जा रहल बा।

पार्टी पदाधिकारियों से भी मिलिहें रक्षा मंत्री

पार्टी पदाधिकारी रक्षा मंत्री के स्वागत के तैयारी में जुटल बाड़ें। बाबतपुर एयरपोर्ट से लेके सर्किट हाउस ले अलग-अलग टीम लगावल गइल बा। काशी प्रवास के दौरान रक्षा मंत्री पार्टी पदाधिकारियन अउरी अन्य गणमान्य लोग से भी मुलाकात करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]