Arunachal Pradesh: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सैनिकन के संगे मनइहें दिवाली, रिजिजू के संगे तवांग खातिर रवाना

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू - फोटो : एएनआई

Share

पड़ोसी देस चीन के संगे पिछला दिनन पूर्वी लद्दाख में एलएसी पs सालन से चलल आ रहल विवाद सुलझ गइल बा। अब रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू ने अरुणाचल प्रदेश के सीमाई इलाका तवांग में दिवाली मनावे के फैसला कइले बा लो। एकरा खातिर ऊ लोग अरुणाचल प्रदेश के तवांग खातिर रवाना हो गइल बा लो।

‘जवानन के संगे बातचीत के लेके उत्सुक’

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह कहलें, ‘अरुणाचल प्रदेश के दु दिवसीय जतरा पs नई दिल्ली से वांग खातिर रवाना हो रहल बानी। सशस्त्र बलन के कर्मियन के संगे बातचीत करे आ बहादुर भारतीय सेना अधिकारी मेजर रालेंगनाओ बॉब खातिंग के समर्पित एगो संग्रहालय के उद्घाटन समारोह में भाग लेवे खातिर उत्सुक बानी।’

साल 2023 में सैनिकन के संगे शस्त्र पूजा

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह एकरा पहिले अक्टूबर 2023 में तवांग गइल रहस। ओह दौरान ऊ सैनिकन के संगे शस्त्र पूजा कइले रहस। रक्षा मंत्रा वास्तविक नियंत्रण रेखा पs तैनात सैनिकन के संगे बातचीतो कइले रहस आ  दशहरा के उत्सव मनवले रहस। एकरा पहिले ओहि साल लेह में ऊ सेना के जवानन के संगे होली के त्योहार मनवले रहस। बता दीं कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सीमा पs तैनात जवानन के संगे उत्सव मनावत रहल बाड़ें।

चीन के सेना से हो चुकल बा झड़प

तवांग सेक्टर में साल 1962 के भारत-चीन युद्ध के दौरान चीनी पक्ष के ओर से पहली बार तोप से गोले दागे गए थे। बता दें कि दिसंबर 2022 में अरुणाचल ओर से प्रदेश के सीमा पs  तवांग सेक्टर में वास्तविक नियंत्रण रेखा (LAC) चीन के सेना से झड़पो भइल रहे। तवांग में 50 हजार से जादे लोग रहेला। चीन एकरा के छोटा तिब्बत कहेला । एह क्षेत्र के लेके चीन अक्सरे बखेड़ा खड़ा करता रहेला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-