[the_ad_group id="30365"]

फीस देके सेंट्रलाइज्ड एडमिशन में सामिल होई DDU के कॉलेज : रेग्युलर कोर्स खातिर 20 हजार आ प्रोफेशनल कोर्स खातिर लागी 50 हजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में प्रवेश प्रक्रिया के आसान बनावे आ स्टूडेंट्स के सहूलियत देवे खातिर एंट्रेस में आवेदन के संगही काउंसिलिंग प्रक्रिया के ऑनलाइन कs दिहल गइल बा। नया सत्र में सेंट्रलाइज्ड एडमिशन के प्रक्रिया के लागू कइल जाई। एमे इक्षुक कॉलेज, यूनिवर्सिटी के प्रवेश प्रक्रिया के माध्यम से काउंसलिंग करा सकी लो। एकरा खातिर उनका प्रति कोर्स 20 हजार रुपिया फीस देवे के होई।

सेंट्रलाइज्ड एडमिशन सुरू करे से पहिले यूनिवर्सिटी अपना वेबसाइट के अपडेट कs देले बा। अब वेबसाइट पs स्टूडेंट्स के यूनिवर्सिटी के संगही संबद्ध कॉलेजन में चले वाला कोर्सेज के जानकारी उपलब्ध होई। प्रवेश खातिर काउंसिलिंग के संगही हॉस्टल के एलॉटमेंट ऑनलाइन कइल जाई। पहिले खाली यूनिवर्सिटी कैंपस में प्रवेश खातिर काउंसिलिंग होत रहे, बाकिर अब इक्षुक कॉलेज एमे सामिल हो सकत बा। कॉलेजन खातिर ई अनिवार्य ना होई।

प्रवेश प्रक्रिया में ना होई देरी

एह संबंध में VC प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि सत्र के नियमित कइल हमनी के प्राथमिकता बा। प्रवेश प्रक्रिया में तनिको देरी एकदम ना कइल जाई। स्टूडेंट्स आ कॉलेजन के सहूलियत खातिर यूनिवर्सिटी सेंट्रलाइज्ड एडमिशन के प्रकिया के अपनावे जा रहल बा। प्रति कोर्स फीस देके कॉलेज एमे सामिल हो सकत बा।

एही महीना सुरू होई पंजीकरण

DDU में प्रवेश प्रक्रिया एही महीना सुरू हो सकत बा। नया वेबसाइट लॉन्च होखला के बाद यूनिवर्सिटी प्रशासन प्रवेश खातिर पंजीकरण सुरू करे के तइयारी में बा। होली के बाद एकरा के सुरू कs दिहल जाई। मई तक फॉर्म भरल जाई आ जून में प्रवेश परीक्षा आयोजित कइल जाई।

प्रोफेशनल कोर्स खातिर 50 हजार

कॉलेज अगर परंपरागत BA, BSC आ बीकॉम खातिर काउंसिलिंग के जरिए प्रवेश चाहत बा लो तs उनका प्रति कोर्स 20 हजार रुपिया फीस देवे के होई। प्रोफेशनल कोर्स जइसे बीटेक, BBA, MBA आदि खातिर ई फीस 50 हजार रुपिया बा। पिछला साल कइयन कॉलेजन में सीट खाली रह गइल रहे। यूनिवर्सिटी प्रशासन के उम्मीद बा कि सेंट्रलाइज्ड एडमिशन प्रक्रिया से ई सीट खाली ना रहिहें सs। एकरा से स्टूडेंट आ कॉलेज दुनो के फायदा होई। काउंसिलिंग के बेरा खाली ओहि कॉलेजन के विकल्प लउकी, जे फीस जमा कइले होई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]