[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: डीडीयू गोरखपुर भइल देश के टॉप विश्वविद्यालयन में सामिल, नैक में मिलल ए प्लस प्लस; मिली विशेष फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय देस के बेहतरीन विश्वविधालयन में सामिल हो गइल बा। लखनऊ विश्वविद्यालय के बाद अब डीडीयू A++ ग्रेड ले आके इतिहास रच देले बा। एह उपलब्धि के हासिल कs के अब डीडीयू खाली उत्तर प्रदेश में ना बलुक देस के शीर्ष विश्वविद्यालयन में सामिल जामिया आ जेएनयू के समकक्ष खड़ा हो गइल बा। बता दीं के नैक के तरफ से खाली देस के कुछ गिनल-चुनल विश्वविधालयन के ई खास गौरव हासिल बा।

एकरा पहिले एह विश्वविद्यालयन के मिलल बा A++ ग्रेड 

A++ मान्यता प्राप्त विश्विद्यालयन में जामिया आ जेएनयू के अलावे, आईआईएससी बेंगलुरु, इग्नू, एसआरएम ऑफ साइंस एंड टेक्नोलॉजी तमिलनाडु, वनस्थली विद्यापीठ राजस्थान आ लखनऊ विश्वविद्यालय के संगे अब डीडीयूओ सामिल हो गइल बा।

डीडीयू के मिलल 3.78 सीजीपीए 

डीडीयू के 5 में से कुल 3.78 सीजीपीए मिलल बा। नैक के मूल्यांकन में एतना अंक पावे वाला डीडीयू राज्य के पहिला विश्वविद्यालय बन गइल बा। बता दीं कि एकरा पहिले जब लखनऊ विश्वविद्यालय के जब A++ ग्रेडिंग मिलल रहे तब ओकरा 3.55 सीजीपीए मिलल रहे। नैक के पीयर टीम 12-14 जनवरी तक गोरखपुर विश्वविद्यालय द्वारा नैक के सबमिट दावन के भौतिक सत्यापन कइले रह। आज मंगर के परिणाम आवते जश्न के माहौल हो गइल। सब शिक्षक कर्मचारी आ छात्र एक दूसरा के बधाई दिहल लोग।

साल 2005 में मिलल रहे B++ग्रेड

एकरा पहिले साल 2005 में गोरखपुर विश्वविद्यालय के नैक द्वारा मूल्यांकन कइल गइल रहे तब डीडीयू के B++ ग्रेड मिलल रहे। अब जाके 2023 में विष्वविद्यालय के ई गौरव हासिल भइल बा।

राज्यपाल आनंदी बेन पटेल आ मुख्यमंत्री दिहल लोग बधाई

राज्य के राज्यपाल आ कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल एह उपलब्धि पs कुलपति राजेश सिंह, विश्वविद्यालय परिवार आ समूचा प्रदेश के लोगन के बधाई देली।

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्‍वविद्यालय, गोरखपुर को राष्ट्रीय मूल्यांकन एवं प्रत्यायन परिषद द्वारा A++ श्रेणी प्रदान की…

Posted by Anandiben Patel on Monday, 16 January 2023

 

प्रदेश के मुखिया योगी आदित्यनाथ ट्वीट कs के एह उपलब्धि पs खुशी जाहिर कइलें आ विश्वविद्यालय परिवार आ प्रदेश के लोगन के बधाई देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]