[the_ad_group id="30365"]

बिहार बोर्ड जारी कइलस 12वीं के एडमिट कार्ड, 1 फरवरी से होखे के बा इंटरमीडिएट के परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में आवे आला 1 फरवरी से इंटमीडिएट के परीक्षा होखे के बा। अइसन में परीक्षा के तइयारी कर रहल छात्र एडमिट कार्ड के इंतजार करत रहे लो। अब बिहार बोर्ड के लाखन छात्रन खातिर इंतजार के घड़ी ओरा गइल बा। बिहार स्कूल एग्जामिनेशन बोर्ड 2023 के इंटरमीडिएट परीक्षा के एडमिट कार्ड जारी कs देले बा। ऊ सब छात्र-छात्रा जे अबकी बेर 12वीं के परीक्षा दे रहल बा लो, नीचे दिहल वेबसाइट से आपन एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा लो।

BSEB इंटर परीक्षा के प्रवेश-पत्र अपना ऑफिसियल वेबसाइट पs रिलीज कs देले बा। एकरा के स्कूलन के प्रधानाचार्य ऑनलाइन डाउनलोड कs सकत बा लोग। 12वीं के तमाम विधार्थी जवन एह बार एग्जाम दी लो, ऊ अपना स्कूल जाके आपन एडमिट कार्ड प्राप्त कs सकत बा लोग। इंटर के एडमिट कार्ड 31 जनवरी 2023 तक BSEB के ऑफिसियल वेबसाइट पs मवजूद रही। सब स्कूलन के हेडमास्टर समय रहते एकरा के अधिकारिक वेबसाइट इंटर एडमिट कार्ड पs जाके प्रवेश-पत्र डाउनलोड कs लेवे लोग।

प्रवेश पत्र डउनलोड करे के तरीका

  • सबसे पहिले 12वीं के प्रवेश-पत्र डाउलोड करे खातिर बीएसइबी के ऑफिसयल वेबसाइट inter23.biherboardonline.com पs जाये के होई।
  • इहां एकगो लिंक मिली जवना पs BSEB BOARD CLASS 12 Admit card 2023 लिखल होई, एकरा पs क्लिक करीं।
  • एगो नया पेज ओपन होई। एमे कुछ बॉक्सेस नजर आई जेमे स्कूल के यूजर आईडी आ पासवर्ड डाले के होई। ई सब कइला के बाद सबमिट के बटन प्रेस कs दीं, ओकरा बाद एडमिट कार्ड रउआ स्क्रिन पs लउके लागी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]