डीडीयू : यौन उत्पीड़न के आरोपी असिस्टेंट प्रोफेसर जितेंद्र निलंबित, विश्वविद्यालय में प्रवेश पs रोक, घटना के विरोध में होत रहे प्रदर्शन

Share

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से यौन उत्पीड़न के आरोपी असिस्टेंट प्रोफेसर डॉ. जितेन्द्र कुमार के कुलपति प्रो० पूनम टंडन के आदेस पs निलंबित कs दिहल गइल बा। घटना के सामने अइला के बाद से छात्र धरना प्रदर्शन करत आरोपी शिक्षक के खिलाफ एक्शन लेवे के मांग करत रहे लो।

बता दीं कि गोरखपुर विश्वविद्यालय के रक्षा आ स्त्रातजिक विभाग में पढ़ रहल छात्रा के तरफ से सहायक आचार्य डॉ. जितेन्द्र कुमार पs यौन उत्पीड़न के आरोप लगावल गइल रहे। छात्रा के आरोप रहे कि सहायक आचार्य उनका के परीक्षा में टॉप करावे खातिर उनका से सेक्सुल फेवर मंगले रहस। संगही धमकी देले रहस कि अइसन ना कइला पs ऊ कबो छात्रा के पास ना होखे दिहें। आरोपी अपना चेंबर में छात्रा के संगे सहेली के मवजूदगी में छेड़खानियो कइलस। एह सब से परेसान छात्रा एकर शिकायत उच्चतर स्तर पs कइली।

विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से जारी निलंबन आदेस
विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से जारी निलंबन आदेस

छात्र नेता आजूओ कइल लो विरोध-प्रदर्शन 

एकरा पहिले छात्रा संगे भइल यौन उत्पीड़न के खिलाफ सुक के छात्रन के भारी विरोध के बीच विश्वविद्यालय के मुख्य द्वार बंद कs के नारेबाजी आ विरोध-प्रदर्शन कइल गइल। एह दौरान छात्रन के नेतृत्व कs रहल छात्र नेता लोग आपन जोरदार आवाज उठावल।

विश्विद्यालय गेट पs धरना प्रदर्शन करत छात्र लो

छात्र नेता योगेश प्रताप सिंह निलंबन आदेस के बाद बातचीत के क्रम में कहलें कि सबसे पहिले एह आदेस खातिर सब केहू के संघर्ष के बधाई। एकरा पहिलहू गोरखपुर विश्वविद्यालय में छात्रा लोगन के संगे अइसन उत्पीड़न के ममिला सामने आवत रहल बा, बाकिर प्रशासनिक स्तर से हर बेर लीपापोती कs दिहल जात रहे एह से अबकी बेर लड़ाई आर पार के बा।

धरना के नेतृत्व कs रहल छात्र नेता अंकित वर्मा कहलें कि कि गोरखपुर विश्वविद्यालय में छात्र-छात्रा में भय के माहौल बन गइल बा। एह निलंबन आदेस से छात्रन के विस्वास वापस आई। बाकिर अभी एह घटना आ अइसने आउर घटनन के निष्पक्ष जांच कराके कठोरतम करवाई कs के शिक्षा के मंदिर के माहौल सकारात्मक करे के जरूरत बा।

धरना के दौरान विशाल सिंह श्रीनेत, रवि पांडेय, सत्यम यादव, सतीश प्रजापति, अजय राव, आनंद वर्मा, अमन त्रिपाठी, शुभम शर्मा, आशीष पांडेय, सत्यम सिंह, श्याम मोहन चौरसिया, आशीष पांडेय, सत्यम शुक्ला, रितेश यादव आदि मौजूद रहल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-