[the_ad_group id="30365"]

जयपुर जात बस रेलवे ट्रैक पs गिरल, 4 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दौसा :राजस्थान के दौसा में 6-7 नवम्बर के सबेरे 2.30 बजे एगो भयानक दुर्घटना भईल। हरिद्वार से जयपुर जाए वाली बस कलेक्टरेट के लगे रेलिंग टूट के पुलिया से गिर गईल। बस जयपुर-दिल्ली रेल पटरी पर गिर गइल। एह हादसा में चार लोग के मउत हो गइल। मरेवाला में दु महिला भी शामिल बाड़ी। दूसर ओर जयपुर-दिल्ली रेल लाइन पs रेल पटरी पs बस गिरला के चलते ट्रेन के संचालन बंद हो गईल। बस के रेल पटरी पs गिरला के खबर मिलते प्रशासन में दहशत मच गईल। पुलिस अवुरी एम्बुलेंस गाड़ी जल्दी-जल्दी पहुॅचल । जिला के शीर्ष अधिकारी भी घटना स्थल खातिर रवाना हो गईले। कुछ समय के भीतर दौसा के डीएम कमर चौधरी समेत आला अधिकारी मउका पs पहुंच गईले।

जइसहीं रेलवे कंट्रोल रूम के एह हादसा के जानकारी मिलल त जयपुर-दिल्ली रेल लाइन के अप-डाउन ट्रैक पs ट्रेनन के संचालन तुरते रोक दिहल गइल। रेलवे के अधिकारी भी मउका पs पहुंचले। कोतवाली, सदर, जीआरपी, आरपीएफ समेत कई थाना के पुलिस मउका पs पहुंच के घाही लोग के बस से बाहर निकाल देलस। उ लोग घाही के पुलिस अवुरी एम्बुलेंस गाड़ी से अस्पताल भेज देले। इहाँ जब घाही लोग के लेके सायरन बजत कई गो गाड़ी अस्पताल पहुंचल तs इमरजेंसी यूनिट में हंगामा हो गईल। डॉक्टर दु महिला समेत कुल चार लोग के मृत घोषित कs देले। करीब 24 लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। एहमें से पांच लोग के गंभीर हालत के देखत ओह लोग के जयपुर रेफर क दिहल गइल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]