[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड: उत्तरकाशी में निर्माणाधीन सुरंग के हिस्सा धसल, मलबा में फंसले ३६ मजदूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तरकाशी के सिल्क्यारा से डंडालगांव तक बनत सुरंग के एगो हिस्सा गिर गईल। मौका पs उत्तरकाशी जिला के डीएम अवुरी एसपी मौजूद बाड़े। एसडीआरएफ अवुरी पुलिस के राजस्व टीम भी राहत के काम खातीर मौका पs मौजूद बा। वर्तमान में बचाव के काम चल रहल बा। सुरंग में ३६ लोग फंसला के आशंका बा।

उत्तरकाशी के एसपी अर्पण यदुवंशी कहले कि, सिल्क्यारा सुरंग में सुरंग के एगो हिस्सा शुरुआती बिंदु से करीब २०० मीटर पहिले गिर गईल बा। सुरंग के निर्माण के काम देखे वाला एचआईडीसीएल के अधिकारी के मुताबिक सुरंग में करीब ३६ लोग फंसल बाड़े अवुरी उनुका के सुरक्षित बचावे के प्रयास कईल जाता। मौका पs पुलिस बल, एनडीआरएफ अवुरी एसडीआरएफ के टीम मौजूद बा। अबे ले कवनो जानमाल के कवनो खबर नईखे। हमनी के जल्दिए सभके सुरक्षित निकाल देब जा।’

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]