Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तराखंड: उत्तरकाशी में निर्माणाधीन सुरंग के हिस्सा धसल, मलबा में फंसले ३६ मजदूर

उत्तरकाशी के सिल्क्यारा से डंडालगांव तक बनत सुरंग के एगो हिस्सा गिर गईल। सुरंग में करीब ३६ लोग फंसल बाड़े अवुरी उनुका के सुरक्षित बचावे के प्रयास कईल जाता।

719

 

उत्तरकाशी के सिल्क्यारा से डंडालगांव तक बनत सुरंग के एगो हिस्सा गिर गईल। मौका पs उत्तरकाशी जिला के डीएम अवुरी एसपी मौजूद बाड़े। एसडीआरएफ अवुरी पुलिस के राजस्व टीम भी राहत के काम खातीर मौका पs मौजूद बा। वर्तमान में बचाव के काम चल रहल बा। सुरंग में ३६ लोग फंसला के आशंका बा।

उत्तरकाशी के एसपी अर्पण यदुवंशी कहले कि, सिल्क्यारा सुरंग में सुरंग के एगो हिस्सा शुरुआती बिंदु से करीब २०० मीटर पहिले गिर गईल बा। सुरंग के निर्माण के काम देखे वाला एचआईडीसीएल के अधिकारी के मुताबिक सुरंग में करीब ३६ लोग फंसल बाड़े अवुरी उनुका के सुरक्षित बचावे के प्रयास कईल जाता। मौका पs पुलिस बल, एनडीआरएफ अवुरी एसडीआरएफ के टीम मौजूद बा। अबे ले कवनो जानमाल के कवनो खबर नईखे। हमनी के जल्दिए सभके सुरक्षित निकाल देब जा।’

 

 

677860cookie-checkउत्तराखंड: उत्तरकाशी में निर्माणाधीन सुरंग के हिस्सा धसल, मलबा में फंसले ३६ मजदूर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.