दस्‍तक देने आला बा चक्रवात ‘असानी’, झारखंड सहित एह राज्‍यन में होई असर

Anurag Ranjan

नई दिल्‍ली। एक बार फेर चक्रवात दस्‍तक देवे आला बा। एकर प्रभाव आजे से देखे के मिली। एह दौरान तेज गति से हवा चलला के संगे बरखा होई। चक्रवात के असर कई राज्‍यन में पड़ी। एकरा मद्देनजर अलर्ट जारी कइल गइल बा। चक्रवात के नाव ‘असानी’ हs।

ओडिशा के विशेष राहत आयुक्‍त पीके जेना आईएमडी द्वारा सूचित कइल गइल बा कि दक्षिण अंडमान सागर आ ओकरा अगल-बगल के क्षेत्रन में एगो चक्रवाती परिसंचरण विकसित भइल बा। एकरा लो प्रेशर एरिया में तब्दील होखे के संभावना बा। एकरा विकसित होखला के बाद एकर तीव्रता के अनुमान लगावल  आसान होई।

विशेष राहत आयुक्‍त के मुताबिक एहतियात के तौर पs ओडिशा के मलकानगिरी से मयूरभंज तक 18 जि‍लन के कलेक्टरन के अलर्ट रहे के कहल गइल बा। जरूरत पड़ला पs इस्थिति से निपटे ला 17 एनडीआरएफ, 20 ओडीआरएएफ आ अग्निशमन सेवा विभाग के 175 टीम तइयार बा।

मवसम विभाग के अनुसार तूफान के अधिक प्रभाव ओडिशा, बंगाल, असम, सिक्‍कम, मेघालय, नागालैंड, मिजोरम, झारखंड सहित उत्तर पूर्व के राज्‍यन में देखे के मिली।

मौसम वैज्ञानिकन के अनुसार आज से केंद्रीय बंगोप सागर में बारिश सुरू हो जाई। एह दौरान हवा के गति 60 से 70 किलोमीटर प्रति घंटा रही। मछुआरन के समुंद्र में ना जाये देवे के हिदायत दिहल गइल बा। अगिला चार दिनन तक ओडिशा के कई जिलन में वज्रपात होखे के आशंका बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।