T20 World Cup 2026 : भारत के पांच शहर करी विश्व कप मैचन के मेजबानी, जानीं एह स्टेडियमन के खासियत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

सेंट्रल डेस्क।  टी20 वर्ल्ड कप 2026 के काउंटडाउन अब सुरू हो गइल बा। 7 फरवरी से भारत आ श्रीलंका के मेजबानी में एह टूर्नामेंट के आयोजन होई। सूर्यकुमार यादव के अगुआई में भारतीय टीम वर्ल्ड

Share

Indian cricket stadiums set to host T20 World Cup 2026 matches across five cities

सेंट्रल डेस्क।  टी20 वर्ल्ड कप 2026 के काउंटडाउन अब सुरू हो गइल बा। 7 फरवरी से भारत आ श्रीलंका के मेजबानी में एह टूर्नामेंट के आयोजन होई। सूर्यकुमार यादव के अगुआई में भारतीय टीम वर्ल्ड कप में खिताब के बचाव करे उतरी। भारत 2024 में रोहित शर्मा के कप्तानी में टी20 वर्ल्ड कप के खिताब जीतले रहे। जदि भारत दोबारा जीत जात बा तs ऊ पहिला देस होई जवन तीसरा बेर एह टूर्नामेंट के ट्रॉफी अपना नावे करी।

20 टीम ले रहल बाड़ी सs हिस्सा

पिछिला बेर जइसने, टी20 वर्ल्ड कप में 20 टीम हिस्सा ले रहल बाड़ी सs। सब टीमन के चार ग्रुप में बांटल गइल बा, हर ग्रुप में पांच-पांच टीम बाड़ी सs। ग्रुप स्टेज के बाद सुपर-8 चरण होई। हर ग्रुप से टॉप 2 टीम सुपर-8 में जाई। सुपर-8 में 8 टीम के दुगो ग्रुप में बांटल जाई, जहवां से टॉप 2-2 टीम सेमीफाइनल में पहुंची। ओकरा बाद फाइनल मुकाबला खेलल जाई।

एह वर्ल्ड कप में खेले वाली टीमन में भारत, नामीबिया, नीदरलैंड्स, पाकिस्तान, अमेरिका, स्कॉटलैंड (बांग्लादेश के जगह, इटली, इंग्लैंड, नेपाल, वेस्टइंडीज, ऑस्ट्रेलिया, आयरलैंड, ओमान, श्रीलंका, जिम्बाब्वे, अफगानिस्तान, कनाडा, न्यूजीलैंड, दक्षिण अफ्रीका आ संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) सामिल बाड़ी सs।

आठ जगहन पs होई वर्ल्ड कप के मैच

टी20 वर्ल्ड कप 2026 के मुकाबला भारत आ श्रीलंका के कुल 8 जगहन पर खेलाइल जाई। भारत में 5 शहरन में मैच होई, जबकि श्रीलंका में 3 जगहन पर मुकाबला खेलाइल जाई।

भारत में दिल्ली, मुंबई, चेन्नई, कोलकाता आ अहमदाबाद मेजबानी करी। श्रीलंका में कोलंबो (आर. प्रेमदासा आ एस स्पोर्ट्स क्लब) आ कैंडी के पल्लेकेले इंटरनेशनल स्टेडियम में मैच होई।

दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम

अरुण जेटली स्टेडियम, जवन पहिले फिरोज शाह कोटला कहल जात रहे, नई दिल्ली के बीचो बीच इस्थित बा। 1883 में बनल एह स्टेडियम में पहिला टेस्ट मैच 1948-49 में खेलल गइल रहे। हाल के बरिसन में एह स्टेडियम में बड़ भीड़ देखे के मिलल बा। दिल्ली टी20 वर्ल्ड कप 2026 के 6 मैच के मेजबानी करी।

दिल्ली में मैच

10 फरवरी – नीदरलैंड बनाम नामीबिया
12 फरवरी – भारत बनाम नामीबिया
13 फरवरी – कनाडा बनाम यूएई
16 फरवरी – अफगानिस्तान बनाम यूएई
18 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका बनाम यूएई
1 मार्च – सुपर-8 मैच

नरेंद्र मोदी स्टेडियम, अहमदाबाद

अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम दुनिया के सबसे बड़ क्रिकेट स्टेडियमन में से एगो बा। एकरा में एक लाख से जादे दर्शक बइठ सकेला लोग। आईपीएल फाइनल, अंतरराष्ट्रीय सीरीज आ वनडे वर्ल्ड कप फाइनल जइसन कइयन गाे ऐतिहासिक पल एह मैदान पs देखे के मिलल बा। टी20 वर्ल्ड कप 2026 के फाइनलो एही मैदान पs हो सकेला। हालांकि, जदि पाकिस्तान फाइनल में पहुंचल तs मैच कोलंबो में खेलल जाई।

अहमदाबाद में मैच

9 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका बनाम कनाडा
11 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका बनाम अफगानिस्तान
14 फरवरी – न्यूजीलैंड बनाम दक्षिण अफ्रीका
18 फरवरी – भारत बनाम नीदरलैंड
22 फरवरी – सुपर-8 मैच
26 फरवरी – सुपर-8 मैच

कोलकाता के ऐतिहासिक ईडन गार्डेंस

1864 में बनल ईडन गार्डेंस भारत के सबसे पुरान क्रिकेट स्टेडियम हs। एकरा के क्रिकेट के मक्का कहल जाला। एह मैदान पs रोहित शर्मा 2014 में श्रीलंका के खिलाफ 264 रन बनवले रहलें। पहिले बांग्लादेश के मैच एहिजा होखे वाला रहे, बाकिर टूर्नामेंट से हटला के बाद स्कॉटलैंड के सामिल कइल गइल।

कोलकाता में मैच

7 फरवरी – वेस्टइंडीज बनाम स्कॉटलैंड
9 फरवरी – स्कॉटलैंड बनाम इटली
14 फरवरी – इंग्लैंड बनाम स्कॉटलैंड
16 फरवरी – इंग्लैंड बनाम इटली
19 फरवरी – वेस्टइंडीज बनाम इटली
1 मार्च – सुपर-8 मैच

वानखेड़े स्टेडियम, मुंबई

मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम भारतीय टीम खातिर खास रहल बा। एह मैदान पs 2011 में भारत वनडे वर्ल्ड कप जीतले रहे। 1974 में बनल एह स्टेडियम में भारी संख्या में दर्शक मैच देखे आवेला लाेग। टी20 वर्ल्ड कप में ई मैदान एगो आउर ऐतिहासिक पल के गवाह बने जा रहल बा।

मुंबई में मैच

7 फरवरी – भारत बनाम अमेरिका
8 फरवरी – इंग्लैंड बनाम नेपाल
11 फरवरी – इंग्लैंड बनाम वेस्टइंडीज
12 फरवरी – नेपाल बनाम इटली
15 फरवरी – वेस्टइंडीज बनाम नेपाल
17 फरवरी – स्कॉटलैंड बनाम नेपाल
23 फरवरी – सुपर-8 मैच
5 मार्च – दूसरका सेमीफाइनल

चेन्नई के चेपॉक स्टेडियम

चेन्नई इस्थित चेपॉक स्टेडियम वर्ल्ड कप मैचन के मेजबानी करी। ग्रुप स्टेज में भारत के कवनो मैच चेन्नई में नइखे। ई स्टेडियम आईपीएल टीम चेन्नई सुपर किंग्स के होम ग्राउंड हs। एह स्टेडियम में करीब 38 हजार दर्शक बइठ सकेला लोग। पहिला टेस्ट मैच इहां 1934 में भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल गइल रहे।

चेन्नई में मैच

8 फरवरी – न्यूजीलैंड बनाम अफगानिस्तान
10 फरवरी – न्यूजीलैंड बनाम यूएई
13 फरवरी – अमेरिका बनाम नीदरलैंड
15 फरवरी – अमेरिका बनाम नामीबिया
17 फरवरी – न्यूजीलैंड बनाम कनाडा
19 फरवरी – अफगानिस्तान बनाम कनाडा
26 फरवरी – सुपर-8 मैच

Read Also: Maharshtra Politics : बेटा पार्थ संगे मुंबई पहुंचली सुनेत्रा पवार, आज बनिहें महाराष्ट्र के पहिला महिला उप मुख्यमंत्री

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.