T20 World Cup : ऑस्ट्रेलिया के विश्व कप से पहिले लागल बड़ झटका, कमिंस बाहर भइलें, कंगारू टीम कइलस दुगो बदलाव

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 वर्ल्ड कप से पहिले ऑस्ट्रेलिया टीम के बड़ झटका लागल बा। अनुभवी तेज गेंदबाज पैट कमिंस चोट के चलते पूरा टूर्नामेंट से बाहर हो गइलें। वर्ल्ड कप सुरू होखे से पहिले कंगारू

Share

Pat Cummins ruled out of T20 World Cup 2026 as Australia announces squad changes

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 वर्ल्ड कप से पहिले ऑस्ट्रेलिया टीम के बड़ झटका लागल बा। अनुभवी तेज गेंदबाज पैट कमिंस चोट के चलते पूरा टूर्नामेंट से बाहर हो गइलें। वर्ल्ड कप सुरू होखे से पहिले कंगारू टीम 15 सदस्यीय स्क्वॉड में दुगो बदलाव कइले बिया। कमिंस के अलावा टॉप ऑर्डर बल्लेबाज मैथ्यू शॉर्ट टीम से बाहर हो गइलें। एह दुनो के जगह तेज गेंदबाज बेन ड्वारशुइस आ बल्लेबाज मैथ्यू रेनशॉ के टीम में सामिल कइल गइल बा।

चोट से उबर ना सकले कमिंस

पैट कमिंस बहुत समय से चोट से जूझ रहल बाड़ें। इंग्लैंड के खिलाफ एशेज टेस्ट सीरीज में ऊ जादेतर मुकाबला ना खेल पवले रहस। उम्मीद रहे कि ऊ टी20 वर्ल्ड कप से मैदान पs वापसी करिहें, बाकिर अब टूर्नामेंट सुरू होखे में खाली सात दिन बाचल बा, अइसन में ऊ पूरा तरीका से फिट ना हो सकले। आखिरकार क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया के उनका के बाहर करे के फैसला लेवे के पड़ल। कमिंस टीम के अहम खिलाड़ी हवें आ उनकर टीम में ना रहल कंगारू टीम खातिर बड़ नुकसान मानल जा रहल बा।

हेजलवुड फिटनेस टेस्ट पास कइलें

जोश हेजलवुड, टिम डेविड आ नाथन एलिस टी20 वर्ल्ड कप खातिर फिटनेस टेस्ट पास कs लेलें। एशेज से पहिले हैमस्ट्रिंग चोट लगला के बाद से हेजलवुड मैदान से दूर रहस। ओह तरे टिम डेविड चोट के चलते बिग बैश लीग आ पाकिस्तान के खिलाफ सीरीज में ना खेल सकले। नाथन एलिस चोट के कारण बिग बैश लीग फाइनल आ पाकिस्तान दौरा से बाहर रहलें।

ग्रुप बी में बा ऑस्ट्रेलिया

ऑस्ट्रेलिया वर्ल्ड कप से पहिले पाकिस्तान के खिलाफ तीन मैच के टी20 सीरीज खेल रहल बा। टी20 वर्ल्ड कप के सुरुआत सात फरवरी से होई आ मुकाबला भारत आउर श्रीलंका में खेलल जाई। ऑस्ट्रेलिया ग्रुप बी में सामिल बा, जवना में ओमान, आयरलैंड, जिम्बाब्वे आ श्रीलंका बा। कंगारू टीम आपन अभियान 11 फरवरी के आयरलैंड के खिलाफ कोलंबो में सुरू करी।

टी20 वर्ल्ड कप खातिर ऑस्ट्रेलियाई टीम

मिचेल मार्श (कप्तान), जेवियर बार्टलेट, कूपर कोनोली, टिम डेविड, बेन ड्वारशुइस, कैमरन ग्रीन, नाथन एलिस, जोश हेजलवुड, ट्रेविस हेड, जोश इंग्लिस, मैथ्यू कुहेनमैन, ग्लेन मैक्सवेल, मैथ्यू रेनशॉ, मार्कस स्टोइनिस, एडम जांपा।

Read Also: Amitabh Thakur : पूर्व IPS अमिताभ ठाकुर के फेर बिगड़ल तबीयत, पेट में दरद होखला पs देवरिया मेडिकल कॉलेज में भइलें भरती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.