[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के चरगावा में 5.69 करोड़ से बनी साइबर थाना: 850 वर्ग मीटर में होई निर्माण 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में साइबर क्राइम पs कंट्रोल खातिर जल्दिये हाईटेक साइबर क्राइम थाना के निर्माण सुरू होई। चरगावा में 850 वर्ग मीटर जमीन पs 5.69 करोड़ रुपिया से दु मंजिला थाना के निर्माण होई। राजकीय निर्माण निगम लिमिटेड गोरखपुर निर्माण इकाई एकरा खातिर डीपीआर बनवले बा।

बीतल नव मई के DIG गोरखपुर रेंज आनंद कुलकर्णी डीपीआर, ड्राइंग आ डिजाइन के प्रशासकीय आ वित्तीय स्वीकृति खातिर शासन में भेज देले बाड़ें। उम्मीद बा कि लोकसभा चुनाव के आचार संहिता खतम होखला के संगही शासन से स्वीकृति मिल जाई।

अभी अस्थायी बिल्डिंग में चल रहल बा साइबर थाना

फिलहाल गोरखपुर में साइबर अपराध थाना अस्थायी भवन में चल रहल बा, बाकिर एकरा खातिर अलग से प्रशासकीय भवन सहित आउर सुविधा उपलब्ध करावल जाये के योजना बा। साइबर थाना खातिर नया पद सृजित कइल गइल बा।

एहां ट्रेनिंग ले चुकल पांच इंस्पेक्टर, पांच सब इंस्पेक्टर सहित 25 पुलिसकर्मियन के तैनाती कइल जाई। भवन के ड्राइंग, डिजाइन के स्वीकृति मिलला के संगही एकरा डिजाइन पs सूबा के आउर जिलन में साइबर अपराध थाना के निर्माण करे के बा।

साइबर अपराध थाना में होंगे ई निर्माण कार्य

राजकीय निर्माण निगम गोरखपुर इकाई के प्रोजेक्ट मैनेजर डीबी सिंह बतवलें, साइबर क्राइम थाना के भवन ग्राउंड प्लस वन बनी। रेन वॉटर हार्वेस्टिंग सिस्टम के संगे 50 लोगन के क्षमता के सेप्टिक आ सोकपिट टैंक बनावल जाई।

बोरिंग के संगे सबमर्सिबल पम्प, वॉटर सप्लाई, प्रवेश द्वार के संगे चाहरदीवारी आउर इलेक्ट्रॉनिक प्राइवेट आटोमेटिक ब्रांच एक्सचेंज (EPABC) के निर्माण होई। लोकल एरिया नेटवर्क, डीजी सेट, स्ट्रीट लाइट के सुविधो रही। संगही आठ गो बड़ गाड़ियन के संगे दु पहिया वाहनन के पार्किंग के इंतजामो होई।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]