[the_ad_group id="30365"]

कोविड-19: कोरोना केस में उछाल, 24 घंटा में 18,815 नया संक्रमित, 38 मौत, संक्रमण दर पांच प्रतिशत के करीब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में कोरोना केस में उछाल आइल बा। पछिला 24 घंटा में 18,815 कोरोना संक्रमित मिलल बा। एह दौरान 38 लोग के मौत हो गईल। रोजाना संक्रमण के दर बढ़ के पांच प्रतिशत के करीब हो गईल बा।

बियफे का दिने सबेरे केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के अपडेट कइल आंकड़ा के मुताबिक देश में सक्रिय केस बढ़ के 1,22,335 हो गइल बा. नया मरीजन के मिला के अब देश में कोरोना के कुल संख्या बढ़ के 4,35,85,554 हो गइल बा. एही तरह कुल मरे वालन के संख्या बढ़ के 5,25,343 हो गइल जवना में 38 गो अउरी मौत हो गइल.

सक्रिय केस कुल संक्रमित के 0.28 प्रतिशत बा, जबकि कोविड से ठीक होखे के दर 98.51 प्रतिशत बा। पिछला 24 घंटा में सक्रिय मामिला में 2878 के बढ़ोतरी भइल बा. रोजाना संक्रमण दर बढ़ के 4.96 प्रतिशत हो गइल, जबकि साप्ताहिक संक्रमण दर 4.09 प्रतिशत रहल। अभी तक ए महामारी से 4,29,37,876 मरीज ठीक हो चुकल बाड़े, जबकि मौत के दर 1.21 प्रतिशत बा। देश में कोरोना महामारी के खिलाफ टीकाकरण अभियान चल रहल बा। अब तक कोविड टीका के 198.51 करोड़ के खुराक दिहल गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]