दुनियाभर में कोरोना फइलाई चीन!: इटली पहुंचल दू फ्लाइट्स में भइल जांच, 50% से बेसी यात्री मिललें संक्रमित

कुमार आशू

चीन से इटली पहुंचल एक फ्लाइट के आधा यात्री कोरोना संक्रमित पावल गइले से हड़कंप मच गइल। एहसे चीन से दूसरे देश में कोरोना फइले के खतरा अउर बढ़ गइल। एही चलते भारत अउर अमेरिका समेत सात देश चीन से आवे वाले यात्रियन के विमान में सवार होखले से पहिले कोविड निगेटिव रिपोर्ट पेश करे के अनिवार्य कs दिहल गइल बा।

चीन से मिलान जात रहल दू फ्लाइट में यात्री कोरोना पॉजिटिव पावल गइल। एक फ्लाइट के 92 यात्रियन में से 35 यानी 38 फीसदी अउर दूसरका फ्लाइट के 120 यात्रियन में से 62 यानी 52 फीसदी यात्री कोविड पॉजिटिव पावल गइल बा।

ओंने, चीन देश में बड़ पैमाना पर कोरोना मरीज मिलले के बावजूद पाबंदियन में ढील दे रहल बा। ऊ नयका साल में कोविड के खतरा के स्तर ‘ए’ से घटा के ‘बी’ करे के फैसला कइले बानें। एहसे कोरोना मरीज के क्वारंटीन करे के जरूरत नाइ होई।

चीन इहो एलान कइले बा कि अगिले महीना शुरू होखे वाले चीनी लूनार नव वर्ष अवकाश में विदेश भ्रमण के इच्छुक लोग के ऊ लाखन के तादाद में साधारण पासपोर्ट अउर वीजा जारी करी। एहसे समूचा दुनिया में कोविड नयका सिरा से फइले के खतरा बढ़ गइल बा।

कोरोना के कारण चीन लगभग तीन साल तक पूरी दुनिया से कटल रहल, काहेसेकि अधिकांश देश यात्रा पाबंदी लगा दिहले बा। एहलिए ऊ अपने पर्यटकन के विदेश यात्रा पर पाबंदी हटा रहल बा। 2020 के बाद पहिला बेर चीन ई ढील दे रहल बा, लेकिन दुनियाभर में कोविड के दृष्टि से ई कदम चिंताजनक मानल जा रहल बा।

चीन से यात्री टिकट बुकिंग बढ़ल

ओंने, ट्रेवल कंपनियन Trip.com अउर Qunar के अनुसार चीन द्वारा ढील के बाद चीनी यात्रियन द्वारा अंतरराष्ट्रीय टिकट बुकिंग अउर एहसे संबंधित सर्च में पांच से आठ गुना बढ़ोतरी भइल बा। चीनी लोग जापान, थाईलैंड, दक्षिण कोरिया, अमेरिका, ब्रिटेन अउर ऑस्ट्रेलिया के यात्रा में रुचि दिखवलें।

Share This Article