दू दिन में पावल गइलें 41 कोरोना संक्रमित अंतरराष्ट्रीय यात्री , आजु दिल्ली एयरपोर्ट जइहें मंडाविया

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2022

देश में कोरोना के खतरा बढ़ते जा रहल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय द्वारा जारी ताजा आंकड़ा के मुताबिक काल्ह के तुलना में आज मरीजन के संख्या में बढ़ोतरी देखल गइल बा। उहवें विदेश से आइल अब

Share

देश में कोरोना के खतरा बढ़ते जा रहल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय द्वारा जारी ताजा आंकड़ा के मुताबिक काल्ह के तुलना में आज मरीजन के संख्या में बढ़ोतरी देखल गइल बा। उहवें विदेश से आइल अब ले 41 यात्रियन में कोरोना संक्रमण के पुष्टि भइल बा।

विदेश से आइल अब ले कुल 41 यात्री कोरोना संक्रमित

एगो रिपोर्ट के मुताबिक, 24 दिसंबर से अब ले 498 अंतरराष्ट्रीय उड़ान के जांच कइल जा चुकल बा। एह दौरान अब ले कुल 41 यात्री कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बानें। अब एह सब सैंपल्स के जीनोम सीक्वेंसिंग खातिर भेज दिहल गइल बा।

आजु दिल्ली हवाई अड्डे जइहें स्वास्थ्य मंत्री मांडविया

हवाईअड्डा पर पिछले दू दिन में छह हजार लोग के कोरोना जांच कइल गइल। एमें से 39 अंतरराष्ट्रीय यात्री कोरोना वायरस से संक्रमित पावल गइलें। स्वास्थ्य मंत्री मांडविया आजु यानी बियफे के दिल्ली हवाई अड्डा जइहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.