Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोरोना के फेर से पकड़लस जोर: तीन महीना बाद एक दिन में 4 हजार से अधिका केस मिलल

3,661

देश के दैनिक कोविड टैली करीब तीन महीना बाद 4000 के निशान पार क गईल। आखिरी दिने 4041 गो नया मामला दर्ज भइल रहे। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक पछिला 24 घंटा में 10 लोग के मौत दर्ज भईल अवुरी अब कुल मौत के संख्या 5,24,651 हो गईल बा। एकरा संगे-संगे कुल पीड़ित के संख्या 4.31 करोड़ से जादे हो गईल बा।

महाराष्ट्र में कोरोना के 1045 नए केस मिलल

गुरुवार के महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमण के 1045 नया मामला सामने आइल आ एक संक्रमित के मौत हो गइल। राज्य में इलाज करा रहल मरीजन के संख्या बढ़ के 4559 हो गइल. बुध का दिने एहिजा कोरोना संक्रमण के 1081 गो मरीज मिलल बाकिर संक्रमण का चलते मौत के कवनो मामिला ना मिलल. बुध का दिने केस में बढ़ोतरी 24 फरवरी का बाद के सबले बेसी रहल. गुरुवार के अकेले मुंबई में 704 केस मिलल रहे। राज्य में संक्रमण के चलते मौत के एगो मामला मुंबई में मिलल रहे।

प्रदेश में कोविड-19 के बढ़ल संख्या प चिंता जतावत उपमुख्यमंत्री अजीत पवार कहले कि जदी केस बढ़त रही त जनता खाती मास्क के इस्तेमाल अनिवार्य करे के होई। उ कहले कि राज्य सरकार ए बात प नजर राखतिया कि हालात बेकाबू ना होखे। उपमुख्यमंत्री कहले कि जदी कोरोना वायरस के संक्रमण के मामला में लगातार बढ़ोतरी होखता त मास्क के इस्तेमाल अनिवार्य करे के होई।

दिल्ली में कोविड-19 के 373 नए मामले दर्ज

गुरुवार के दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के 373 नया मामला सामने आइल रहे, जबकि दू गो मरीजन के मौत हो गइल आ संक्रमण के दर 1.85 प्रतिशत रहल। स्वास्थ्य विभाग के ओर से जारी बुलेटिन के मुताबिक राष्ट्रीय राजधानी में संक्रमित के संख्या बढ़ के 19,07,637 हो गईल बा, जबकि कुल मौत के संख्या बढ़ के 26,212 हो गईल बा। पिछला 24 घंटा के दौरान शहर में 20 हजार 195 नमूना के जांच कईल गईल।

266630cookie-checkकोरोना के फेर से पकड़लस जोर: तीन महीना बाद एक दिन में 4 हजार से अधिका केस मिलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.