मंकीपॉक्स के 780 ममिलन के भइल पुष्टि

Share

विश्व स्वास्थ संगठन के चार क्षेत्रन के 27 देशन में दु जून ले मंकीपॉक्स के कुल 780 ममिलन के प्रयोगशाला जांच में पुष्टि भइल बा। संयुक्त राष्ट्र के स्वास्थ एजेंसी बतवलस कि विशेषज्ञ एकर जांच कर रहल बा लो।

हालांकि, अभी ले आइल ममिलन में लोगन के कइयन गो स्वास्थ कारणन के चलते चपेट में आवे के बात सोझा आइल बा। एमे पुरुषन के पुरुष के संगे यौन संबंध बनावल एगो प्रमुख कारण के रूप में सामने आइल बा।

एजेंसी के मोताबिक, पश्चिम अमेरिका में सामने आइल ममिलन के पुष्टि नमुनन के जांच के माध्यम से कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-