[the_ad_group id="30365"]

कोरोना से जंगः राज्य के 3.84 लाख शिक्षक पढ़ी लो कोरोना से बचाव के पाठ, ‘सजग मॉडल’ आ ओकर ई-कंटेंट से दिहल जाई ट्रेनिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज्य के सरकारी विद्यालयन में पढ़ावे वाला 3 लाख 84 हजार 611 शिक्षक जल्दिये कोरोना से बचाव के पाठ पढ़ी लो। एकरा के लेके शिक्षक लो के जिलावार ट्रेनिंग दिहल जाई। शिक्षा विभाग द्वारा ई प्रशिक्षण प्रारंभिक विद्यालयन के 3,49,490 जबकि माध्यमिक के 35,121 शिक्षकन के दिहल जाई। राज्य सरकार एह लो के प्रशिक्षण पs कुल 178 करोड़ 94 लाख 61,546 रुपिया खर्च करे जा रहल बिया।

बिहार शिक्षा परियोजना परिषद कावर से राशि जिलावार भेजियो दिहल गइल बा। बीईपी के राज्य परियोजना निदेशक सह शिक्षा विभाग के सचिव असंगबा चुबा आओ राशि जारी करत शिक्षकन कइल को कोरोना से बचाव के प्रशिक्षण सफलतापूर्वक पूरा करे खातिर विस्तृत दिशा-निरदेस देले बाड़े।

शिक्षकन के ई ट्रेनिंग ‘सजग मॉडल’ आ ओकर ई-कंटेंट से दिहल जाई। असल में, राज्य के सब प्रारंभिक आ माध्यमिक विद्यालयन में मुख्यमंत्री विद्यालय सुरक्षा कार्यक्रम पिछला कई बरिस से चलल आ रहल बा। बरिस 2022-23 के आपदा में कोरोना संकर्मणो के शामिल कइल गइल बा। एही के मद्देनजर समग्र शिक्षा के वार्षिक कार्य योजना आ बजट के तहत मौजूदा शैक्षणिक सत्र में विद्यालय सुरक्षा के संगही कोरोना संक्रमण से बचाव के जानकारी शिक्षकन के दिहल जाई।

असंगबा चुबा आओ सब जिलन के जिला शिक्षा पदाधिकारियन के निरदेस देले बाड़े कि जिलास्तरीय मास्टर प्रशिक्षकन के दु दिन के प्रशिक्षण 12 अगस्त तक आ शिक्षकन के एक दिन के प्रशिक्षण सह उन्मुखीकरण 30 सितम्बर 2022 तक सुनिश्चित कइल जाव। उन्मुखीकरण में सरकारी विद्यालयन के सब शिक्षक शामिल होई लो। प्रशिक्षण के दौरान कोविड प्रोटोकॉल के कड़ाई से पालन करे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]